Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Shubman Gill GT Captain, IPL: गुजरात टाइटन्स कइलस नया कप्तान के ऐलान… हार्दिक के जगह शुभमन गिल के मिलल कमान

हार्दिक पांड्या के मुंबई इंडियंस में जाए के बाद गुजरात टाइटन्स एगो बड़ कदम उठवले बा। गुजरात टाइटन्स स्टार बल्लेबाज शुभमन गिल के आपन नयका कप्तान बना लिहले बा।

2,945

इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) में एगो बड़हन खबर आइल बा। गुजरात टाइटन्स (जीटी) अपना नयका कप्तान के एलान कइले बिया। टीम इंडिया के स्टार ओपनर शुभमन गिल अब आईपीएल के आवे वाला सीजन में गुजरात टाइटन्स के कप्तान बन जइहें। हार्दिक पांड्या के मुंबई इंडियंस (एमआई) में जाए के बाद गुजरात टाइटन्स इs बड़ फैसला कईले बिया।

गुजरात टाइटन्स के क्रिकेट निदेशक विक्रम सोलंकी कहले कि, ‘शुभमन गिल पछिला दु साल में खेल के उच्चतम स्तर पs काफी प्रगति कईले बाड़े। हमनी के उनुका के खाली बल्लेबाज के रूप में ना बालुक क्रिकेट में अग्रणी के रूप में भी परिपक्व होखत देखले बानी जा। मैदान में उनुकर योगदान से गुजरात टाइटन्स के एगो मजबूत ताकत के रूप में उभर के सामने आवे में मदद मिलल बा। उनुकर परिपक्वता आ हुनर ​​मैदान पs उनुका प्रदर्शन से साफ लउकत बा। हमनी के उनुका के कप्तान बनावे खातिर उत्साहित बानी जा।

गिल आईपीएल 2023 में सबले बेसी रन बनावे वाला रहलें। गिल 7 मैच में 59.33 के औसत से 890 रन बनवले रहले। केन विलियमसन भी गुजरात टाइटन्स के कप्तान बने के दौड़ में रहले, लेकिन भविष्य के ध्यान में राखत फ्रेंचाइजी ए युवा भारतीय खिलाड़ी के महत्व देले बिया।

 

 

 

685750cookie-checkShubman Gill GT Captain, IPL: गुजरात टाइटन्स कइलस नया कप्तान के ऐलान… हार्दिक के जगह शुभमन गिल के मिलल कमान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.