Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

श्रीमद्भागवत कथा परमात्मा के अक्षर स्वरूप हs –कथा वाचिक कल्याणी वृंदा

565

बरहज(देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह। सरस कथा वाचिक कल्याणी वृंदा गहिला में दूसरका दिन के कथा में मां पार्वती आ भगवान शिव के बियाह के प्रसंग के वर्णन कइली। जेमे शिव आ पार्वती के बियाह होता आ देवता पुष्पन के बरखा करत बा लो। अगिला प्रसंग में भगवान शिव माता पार्वती के अमर कथा सुना रहल बाड़ें, माता के नीन आ जात बा आ उनका जगे एगो सुगा हुंकारी भरे लागत बा।

जब शिव के पता चलल तs ऊ सुगा के मारे खातिर त्रशूल छोड़ देलें। तीनों लोकन में भागता सुगा व्यास के आश्रम पहुंचल आ उनका पत्नी के मुंह से गर्भाशय में पहुंच गइल। जहां ऊ बारे बरिस रहल आ भगवान कृष्ण के आश्वासन के बाद जन्म लेलस।

672220cookie-checkश्रीमद्भागवत कथा परमात्मा के अक्षर स्वरूप हs –कथा वाचिक कल्याणी वृंदा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.