[the_ad_group id="30365"]

दिवाली से पहिले Jio के बड़ धमाका, लेआइल २६०० रुपिया के शानदार फोन, फीचरो बा तगड़ा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

रिलायंस जियो आपन नाया 4जी फोन – Jio Phone Prima 4G बाजार में लॉन्च कईले बिया। कंपनी ए फोन के अनावरण नई दिल्ली में चलत इंडिया मोबाइल कांग्रेस 2023 के आयोजन में कईले बिया। इ लेटेस्ट फोन में बहुत अद्भुत फीचर दिहल गईल बा। एकरा में कंपनी व्हाट्सएप अवुरी यूट्यूब जईसन ऐप भी दे रहल बिया। कंपनी के ई-रिटेल वेबसाइट पs ए फोन के सूचीबद्ध कईल गईल बा। उपयोगकर्ता एकरा के जियो मार्ट से भी आकर्षक ऑफर के संगे खरीद सकतारे। ब्लू अवरू येलो रंग के वेरिएंट में आवे वाला ए फोन के कीमत २५९९ रुपिया बा। कंपनी के कहनाम बा कि, ए फोन के आधिकारिक लॉन्चिंग दिवाली के दिन होई। एकरा संगे जियो मार्ट के मुताबिक इ फोन फिलहाल सिर्फ दिल्ली अवुरी मुंबई में डिलीवरी खातीर तैयार बा।

फीचर आ स्पेसिफिकेशन

कंपनी ए फोन में 320×240 पिक्सेल रिजॉल्यूशन के संगे 2.4 इंच के शानदार टीएफटी डिस्प्ले देले बिया। फोन के बैक पैनल पs गोल डिजाइन के भीतर जियो के लोगो मौजूद बा। कंपनी इहाँ फ्लैश लाइट अवुरी कैमरा भी उपलब्ध करावतिया। सेल्फी खातीर फोन के आगे 0.3 मेगापिक्सेल के कैमरा दिहल गईल बा। जियो के इ लेटेस्ट फोन 512एमबी रैम से लैस बा। माइक्रो एसडी कार्ड के मदद से यूजर एकर मेमोरी 128 जीबी तक बढ़ा सकतारे।

गोल एज डिजाइन वाला इ फोन ARM Cortex A53 प्रोसेसर पs काम करेला। कंपनी फोन में मनोरंजन खातिर एफएम रेडियो फीचर भी दे रहल बिया। ओएस के बात कईल जाए त इ फोन KaiOS पs काम करेला। कनेक्टिविटी खातिर एकल सिम स्लॉट वाला ए फोन में ब्लूटूथ 5.0 देखे के मिली। फोन के बैटरी 1800mAh बा। कंपनी ए फोन में यूट्यूब, जियो टीवी, जियो सिनेमा, जियो सावन अवुरी जियो न्यूज जईसन इनबिल्ट ऐप पेश करतिया। एकरा अलावे ए फोन के यूजर व्हाट्सएप, फेसबुक के संगे जियो सिनेमा अवुरी जियो पे के सेवा के भी इस्तेमाल कs सकेले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]