Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Google में मचल हड़कंप, कॉस्ट कटिंग के नांव पऽ पूरा टीम के देखावल गइल बहरी के रास्ता

315

Google: गूगल अपना पूरा पाइथन टीम के नौकरी से निकाल देलस। कंपनी यूनाइटेड स्टेट्स के बहरी सस्ता एम्प्लॉयीज के काम पs राख के पाइथन के बिजनेस के चलावे के बारे में सोच रहल बिया। गूगल इहो कहलस कि उऽ निकालल गइल टीम के मुआवजा देवे के बारे में सोच रहल बिया।

बड़ – बड़ टेक कंपनियन में छंटनी के दौर खत्म होखे के नाम नइखे लेत। बीतल कुछ महीना से लगातार जॉब कट के खबरें आ रहल बा। कॉस्ट कटिंग के नांव पs अब गूगल एगो आउर बड़ल फैसला लेलस। रिपोर्ट के अनुसार गूगल अपना पूरा पाइथन (Python) टीम के नौकरी से निकाल देले बा। बतावल जा रहल बा कि कंपनी यूनाइटेड स्टेट्स के बहरी सस्ता एम्प्लॉयीज के काम पs राख के पाइथन के बिजनेस के रन के बारे में सोच रहल बिया। गूगल एह मामला पs बात करत घरी टेक क्रंच के बतवलस कि छंटनी के नया दौर कंपनी के ऑर्गनाइजेशनल रिस्ट्रक्चरिंग के हिस्सा हऽ। गूगल आगे कहलस कि कंपनी पाइथन से निकालल गइल कर्मचारियन के दूसर टीम में शामिल होखे के ऑफरो देले बिया।

जर्मनी में नया टीम के सेटअप के तैयारी

ई हफ्ता शुरुआत में आइल एगो रिपोर्ट के अनुसार गूगल जर्मनी के म्यूनिख में एगो नया टीम के सेट करे जा रहल बा। एकर कॉस्ट गूगल के लोकल टैलेंट्स के सैलेरी से ढेर कम होई। पायथन टीम इंजीनियरन के  एगो ग्रुप बा, जवन अलग-अलग प्रोडक्टस में उपयोग करे वाली प्रोग्रामिंग लैंग्वेज के डिमांड आ इशूज के संभालत ओकरा के स्टेबल राखेला। रिपोर्ट में ई नइखे बतावल गइल कि ई बदलाव से गूगल के कतना बचत होई। बाकिर, अइसन बुझाता कि कंपनी अपना एह फैसला से खुश बिया।

निकालल गइल टीम के मुआवजा

गूगल इहो कहलस कि उऽ निकालल गइल टीम के मुआवजा देवे के बारे में सोच रहल बा। गूगल आगे कहलस कि ओकरा उम्मीद बा कि गूगल आ निकालल गइल टीम के बीचे कवनो समस्या ना होई। गूगल के अनुसार जदि आंतरिक रूप से चीज काम ना करी, तऽ हो सकऽता कि नौकरी के संभावना पs  ध्यान दिहल जाई। एह साल गूगल में छंटनी के बारे में हमनी के कई बेर सुने के मिलल। उम्मीद कइल जा रहल बा कि कंपनी अगिला लेऑफ से पहिले एम्प्लॉयीज के झटका देवे के बजाय चीजन के प्लान करी।

809330cookie-checkGoogle में मचल हड़कंप, कॉस्ट कटिंग के नांव पऽ पूरा टीम के देखावल गइल बहरी के रास्ता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.