[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर विश्वविद्यालय में चीफ समेत चार वार्डेन अउर 9 अधीक्षक लोग के कारण बताओ नोटिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुलाधिपति आनंदीबेन पटेल के ओएसडी डॉ. पंकज एल जानी के ओर से दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय (डीडीयू) के छात्रावासन के निरीक्षण के दौरान मिलल खामियन पर जतावल गइल नाराजगी के असर दिखे लागल बा। कमी के दुरुस्त कइले के कोशिश में जुटल विवि प्रशासन चीफ वार्डेन सहित सब चारों छात्रावास के वार्डेन अउर कुल 9 अधीक्षकन के कारण बताओ नोटिस जारी कइले बा।

कुलाधिपति के विशेष कार्याधिकारी डॉ. पंकज एल जानी 2 अप्रैल के डीडीयू का दौरा कइले रहने। एह दौरान ऊ संत कबीर छात्रावास, विवेकानंद छात्रावास अउर नाथ चन्द्रावत छात्रावासो के निरीक्षण कइले रहने। निरीक्षण में मिलल कमी पर कुलसचिव कार्यालय के ओर से कारण बताओ नोटिस जारी कइल गइल बा। ओसे एह सम्बंध में जल्दी स्पष्टीकरण मांगल गइल बा। सब छात्रावास में एक-एक वार्डेन अउर बुद्ध, कबीर अउर विवेकानंद छात्रावास में दू अधीक्षक जबकि एनसी छात्रावास में तीन अधीक्षक बानें। विवि प्रशासन ओर से सबके नोटिस जारी कइल गइल बा।

नोटिस पावे वाले कुछ वार्डेन अउर अधीक्षक नाम न छपले के शर्त पर बतवनें कि ऊ कई समस्या के लेके कई बेर सम्बंधित अधिकारियन के पत्र लिखले बानें लेकिन समाधान नाइ भइल। पानी के टंकी ठीक करवले, आरओ सही करवले, सफाईकर्मियन के संख्या बढ़ावल गइले के सम्बंध में कई बेर पत्र लिखल गइल, लेकिन कौनो कार्यवाही नाइ भइल। रूसा के बनवावल गइल कई बाथरूम के हालत खस्ता बा। चारों छात्रावासों में कई कमरा कंडम बा, उनके मरम्मत खातिर लिखल गइल लेकिन नतीजा सिफर रहल।

बतावल जाता कि बुद्ध छात्रावास में डॉ. जानी निरीक्षण नाइ कइले रहने। एकरे बादो उहाँ के अधिकारियन के नोटिस मिलले से ऊ हतप्रभ बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]