[the_ad_group id="30365"]

JEE Advanced Revised Schedule: जेईई-एडवांस्ड परीक्षा अब 28 अगस्त के होई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के सबसे प्रतिष्ठित इंजीनियरिंग प्रवेश परीक्षा जेईई-एडवांस्ड जौन कि पहिले 03 जुलाई के प्रस्तावित रहल, अब ई परीक्षा रविवार, 28 अगस्त के करावल जाई। परीक्षा के आयोजन आईआईटी बॉम्बे कराई। पूर्व में जेई मेन के परीक्षा तिथि के पोस्टपोन कs के जुलाई अउर जून में कइल गइल रहे। जून में जेईई मेन परीक्षा 20 से 29 जून के मध्य अउर जुलाई में 21 से 30 जुलाई के बीचे में संपन्न होखे के बा। अइसे में जेईई एडवांस परीक्षा जौन कि पहिले 03 जुलाई के रहल ओकर पोस्टपोन होखल स्वाभाविक रहल। जेईई-एडवांस्ड-2022 के अपडेटेड इनफोर्मेशन बुलेटिन जारी कs देहल गइल।
अपडेटेड इनफोर्मेशन बुलेटिन में जारी कइल गइल प्रमुख तिथि के अनुसार जेईई-एडवांस्ड खातिर रजिस्ट्रेशन के प्रक्रिया 07 अगस्त से 11 अगस्त के बीच होई। फीस जमा कइले के अंतिम तिथि 12 अगस्त होई। दिव्यांग विद्यार्थियन खातिर स्क्राइब के चयन के समय 27 अगस्त ले होई। एकरे बाद एडमिट कार्ड 23 अगस्त के बिहाने 10 बजे जारी कइल जाई, जेकर डाउनलोडिंग 28 अगस्त ले कइल जा सकsला परीक्षा रविवार 28 अगस्त के दू पारी में होई। पहिला पारी सुबह 09 से 12 बजे अउर दूसरका पारी के परीक्षा दोपहर 2.30 से साँझ 5.30 बजे ले होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]