[the_ad_group id="30365"]

पंचायत समिति सदस्य नीतीश कुमार सिंह कइले आंदर में विद्यालयन के दौरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अधिकांश स्कूलन में 12:30 बजे से पहिलही स्कूल बन कs के मास्टर लो मिलल गायब

AANDAR (सीवान): जिला के आंदर प्रखंड क्षेत्र के पंचायत समिति क्षेत्र संख्या 15 के पंचायत समिति सदस्य नीतीश कुमार सिंह उर्फ राजा सिंह बुध के अपना क्षेत्र के विद्यालयन के दौरा कइले। जवना में ऊ पवले कि क्षेत्र में अइसन अधिकतर विद्यालय बा जेकर प्रधानाध्यापक आ शिक्षक तय समे 12:30 बजे के पहलही विद्यालय बंद कs के गायब हो जाला लो।

जबकि भोर के समयावधि में विद्यालय के संचालन सोमार से सुक ले पूर्वाहन 6:30 से 11:30 तक सभे लईकन खातिर आ  11:30 बजे पूर्वाहन से 12:30 अपराहन ले 1 घंटा के क्लास कमजोर बच्चन ला संचालित करे के बा आ सनिचर के दिने  विद्यालय के संचालन पूर्वाहन 6:30 बजे से 9:30 बजे तक करे के बा।

दौरा के दौरान समे से पहिले विद्यालयन के बन पइला के बाद नीतीश सिंह प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी के आवेदन देके एकर शिकायत कइले जवना में ऊ बतवले हs कि 12:30 बजे के पहिले मध्य विद्यालय आ उच्च विद्यालय रकौली में खाली 4 गो मास्टर उपस्थित पावल गइल लो आ  प्राथमिक विद्यालय सानी सोनकरा में ताला बंद पावल गइल।

सोनकरा अव्वल में 11:45 में विद्यालय बन पावल गइल आ मध्य विद्यालय पतार में 12:00 बजे मात्र प्रधानाध्यापक प्रशांत कुमार सिंह, राम प्रसाद सिंह, वीरेंद्र बैठा के संगे एगो आउर मास्टर उपस्थित मिलल लो। नीतीश कुमार बतवले कि क्षेत्र के सभे विद्यालय 12:30 बजे के पहिलही प्रधानाध्यापकों आ शिक्षकन द्वारा बन कs दिहल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]