[the_ad_group id="30365"]

तीन दिन से अनुपस्थित 1207 विद्यार्थियन से शोकॉज: उचित जवाब ना देवे पs नामांकन कइल जाई रद्द, 75 प्रतिशत उपस्थिति अनिवार्य

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान के डीएवी पीजी कॉलेज में तीन दिन से लगातार अनुपस्थित रहे वाला 1207 विद्यार्थियन से शोकॉज कइल गइल बा। स्नातक से लेके डिप्लोमा के विद्यार्थियन से शोकॉज कइल गइल बा। कॉलेज के प्राचार्य प्रो. डॉ. केपी गोस्वामी कहलें कि विद्यार्थी जदि उचित जवाब नइखे देत लो, तs ओह लोगन के नामांकन रद्द कइल जाई। बिहार में अब स्कूलन के तरे कॉलेजन में उपस्थिति के लेके सख्ती बरतल जा रहल बा।

पंजीकरण रद्द करे के निरदेस 

एने, शिक्षा विभाग के ओर से विश्वविद्यालयन के कुलसचिवन के कहल गइल बा कि विश्वविद्यालय भा महाविद्यालय स्तर पs जवन छात्र भा छात्रा तीन दिन से बेसी अनुपस्थित पावल जात बा, तs ओकरा से स्पष्टीकरण प्राप्त करे। स्पष्टीकरण असंतोषजनक होखला पs ओकर नाम काटे आ पंजीकरण रद्द करे के निरदेस दिहल गइल बा। 75 प्रतिशत के उपस्थिति होखला के बादे छात्र परीक्षा फॉर्म भर सकत बा लो भा प्रवेश पत्र प्राप्त कर सकत बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]