[the_ad_group id="30365"]

DDU में 56 गेस्ट टीचर्स के होई नियुक्ति:VC के निरदेस पs चयन प्रक्रिया सुरू, 1 से 3 नवंबर तक होई इंटरव्यू 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी में संचालित सेल्फ फाइनेंस कोर्सेज में टीचर्स के कमी के जल्दिये पूरा कs लिहल जाई। VC प्रो. पूनम टंडन के निरदेस पs 56 गेस्ट फैकल्टी टीचर्स के पदन पs चयन प्रक्रिया सुरू कs दिहल गइल बा। बहुते लमहर समय से संबंधित डिपार्टमेंट में एकर मांग कइल जात रहे। कुछ दिनन पहले पढ़ाई पs असर पड़ला के बात कहत स्टूडेंट्स VC प्रो. पूनम टंडन से टीचर्स के नियुक्ति के मांग कइले रहे लो।

यूनिवर्सिटी के सेल्फ फाइनेंस कोर्सेज कृषि, इंजीनियरिंग, बैकिंग एण्ड इन्श्योंरेश, होटल मैनेजमेण्ट, BALLB, BAJMC और MAJMC, BCA, BBA आ MBA, एक्वाकल्चर, प्लांट बायोटेक्नोलाजी, पर्यावरण विज्ञान, फिजिकल एजुकेशन, PG डिप्लोमा इन डिजास्टर मैनेजमेंट, PG डिप्लोमा इन ज्योतिष वास्तु एण्ड कर्मकाण्ड, माइक्रोबायोलोजी आउर फूड टेक्नोलाजी में सेल्फ फाइनेंस योजना के तहत 56 गेस्ट फेकल्टी (लेक्चर बेसिस) के रिक्त पदन खातिर वाक-इन इंटरव्यू आयोजित कइल जाई।

वाक-इन इंटरव्यू में सामिल होखला खातिर अभ्यर्थियन के आपन आवेदन पत्र आ समस्त मूल प्रमाण पत्रन के संगे 1 से 3 नवम्बर के बीच संबंधित सब्जेक्ट के डिपार्टमेंट में रिपोर्ट करे के होई। संबंधित सब्जेक्ट में वाक-इन इंटरव्यू के डेट, टाइम आ स्थान के सूचना दिनांक 30 अक्टूबर के यूनिवर्सिटी के पोर्टल पs अपलोड कs दिहल जाई। अभ्यर्थी जादे जानकारी खातिर यूनिवर्सिटी के वेबसाइट https://ddugu.ac.in पs विजिट कs के डिटेल जानकारी ले सकत बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]