[the_ad_group id="30365"]

दुकान में घुसल अनियंत्रित ट्रक, महिला शिक्षक सहित दू लोग भइल घाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के पिपराइच इलाका के समस्तपुर मुड़िला चौराहा पs बृहस्पतिवार दोपहर ढाई बजे एगो अनियंत्रित ट्रक दुकान में घुस गइल हादसा में प्राइवेट स्कूल के मस्टराइन सहित दू लोग चोटिल हो गइल। उहवें, दुकान के लग्गे ठाढ़ 4 मोटरसाइकिल क्षतिग्रस्त हो गइल। खिसियाइल लोग ट्रक चालक के पिटाई कर देहल। सूचना पर पहुंचल पुलिस चालक के हिरासत में ले लिहलस।

जानकारी के मुताबिक, बरगदहीं से पिपराइच के ओर जा रहल ट्रक अनियंत्रित हो के राजेंद्र सिंह के मकान में घुस गईल। मकान में चिउराडीह निवासी संतराज गुप्ता के शृंगार के दुकान हवे। उनकर पत्नी सुनीता एके चलावेली। एही के बगल में मनीष इलेक्ट्रिक के नाम से दुकान बा।

दूनों दुकान संचालक दुर्घटना में बाल-बाल बच गइलें। ट्रक दुकान में घुसले के दौरान सड़क के किनारे ठाढ़ ग्राम घोड़ादेउर निवासी राधेश्याम, मुड़ीला निवासी शशिपाल सिंह, नियामतपुर के विश्वजीत गौंड अउर अमवां निवासी शिवशंकर सिंह के बाइक के चपेट में ले लिहलस

हादसा में निजी स्कूल के शिक्षक अउरी सिरसियां निवासी ओमप्रकाश मोदनवाल के पुत्री निधि (22) अउरी चौराहा पर सब्जी के दुकान लगावे वाली बदामी देवी (65) पत्नी राधेश्याम निवासी सोहसा घायल हो गइलीं। पुलिस दूनों घायलन के इलाज खातिर मेडिकल कॉलेज भेज दिहलस। पुलिस के पूछताछ में चालक आपन नाम परशुराम निवासी कुंडली पट्टी भागलपुर थाना खड्डा कुशीनगर बता रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]