Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

इस्तीफा के अटकलबाजी के बीच उद्धव ठाकरे कोरोना पॉजिटिव; कमल नाथ से मुलाकातो ना कइलें

241

महाराष्ट्र में मुख्यमंत्री के इस्तीफा के अटकलबाजी के बीच उद्धव कोरोना पॉजिटिव हो गईल बाड़े। कांग्रेस नेता कमल नाथ दावा कईले कि उद्धव मिले से इनकार क देले बाड़े। हालांकि कुछ समय बाद उद्धव मंत्रिमंडल के आपात बैठक बोलवले बाड़े।

इहाँ एगो चर्चा बा कि महा विकास आघड़ी सरकार भी विधानसभा के भंग करे के सिफारिश कर सकेले। शिवसेना के सांसद संजय राउत एकर संकेत दिहले. उ एगो सोशल मीडिया पोस्ट में कहले – महाराष्ट्र में राजनीतिक हलचल विधानसभा के भंग करे के ओर बढ़ता।

एकरा से पहिले बुधवार के सबेरे बतियावत राउत कहले – जवन जादा से जादा होई उ सत्ता में जाई, लेकिन पार्टी के प्रतिष्ठा से समझौता ना करी। शिंदे कवनो शर्त नइखन लगवले. पार्टी के गठन में उनुकर योगदान बा। हमनी के लगातार संपर्क में बानी जा अवुरी सभ विधायक शिवसेना में रहीहे। ऑपरेशन कमल सफल ना होई।

279640cookie-checkइस्तीफा के अटकलबाजी के बीच उद्धव ठाकरे कोरोना पॉजिटिव; कमल नाथ से मुलाकातो ना कइलें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.