[the_ad_group id="30365"]

इस्तीफा के अटकलबाजी के बीच उद्धव ठाकरे कोरोना पॉजिटिव; कमल नाथ से मुलाकातो ना कइलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र में मुख्यमंत्री के इस्तीफा के अटकलबाजी के बीच उद्धव कोरोना पॉजिटिव हो गईल बाड़े। कांग्रेस नेता कमल नाथ दावा कईले कि उद्धव मिले से इनकार क देले बाड़े। हालांकि कुछ समय बाद उद्धव मंत्रिमंडल के आपात बैठक बोलवले बाड़े।

इहाँ एगो चर्चा बा कि महा विकास आघड़ी सरकार भी विधानसभा के भंग करे के सिफारिश कर सकेले। शिवसेना के सांसद संजय राउत एकर संकेत दिहले. उ एगो सोशल मीडिया पोस्ट में कहले – महाराष्ट्र में राजनीतिक हलचल विधानसभा के भंग करे के ओर बढ़ता।

एकरा से पहिले बुधवार के सबेरे बतियावत राउत कहले – जवन जादा से जादा होई उ सत्ता में जाई, लेकिन पार्टी के प्रतिष्ठा से समझौता ना करी। शिंदे कवनो शर्त नइखन लगवले. पार्टी के गठन में उनुकर योगदान बा। हमनी के लगातार संपर्क में बानी जा अवुरी सभ विधायक शिवसेना में रहीहे। ऑपरेशन कमल सफल ना होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]