[the_ad_group id="30365"]

झारखंड के पूर्व राज्यपाल द्रौपदी मुर्मू होंइहें एनडीए के राष्ट्रपति उम्मीदवार, यशवंत सिन्हा विपक्ष के उम्मीदवार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के पूर्व राज्यपाल द्रौपदी मुर्मू एनडीए कावर से राष्ट्रपति उम्मीदवार होइहें। भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा एकर ऐलान कइलें। बता दीं कि द्रौपदी मुर्मू झारखंड के पहिला आदिवासी महिला राज्यपाल रहली। 

मंगर के साँझ के भाजपा संसदीय बोर्ड के मीटिंग के बाद मुर्मू के नाम पs सहमति बनल। एह मीटिंग में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, गृह मंत्री अमित शाह आ भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा समेत पार्टी के तमाम बड़ नेता शामिल रहे लो।

मीटिंग के बाद नड्डा कहले कि मीटिंग में 20 नामन पs विचार कइल गइल। मीटिंग में तय कइल गइल रहे कि एह बेर के राष्ट्रपति उम्मीदवार पूर्वी भारत से दलित महिला के चुनल जाए के चाहीं। एकरा बाद मुर्मू के नाम के मंजूरी दिहल गइल।

राष्ट्रपति पद खातिर आदिवासी चेहरा

भाजपा अबकी बेर राष्ट्रपति पद खातिर एगो आदिवासी चेहरा के चयन कइले बिया। द्रौपदी मुर्मू झारखंड के राज्यपाल रह चुकल बाड़ी। जानकारी के मोताबिक एनडीए के घटक दल बीजू जनता दल द्रौपदी मुर्मू के नाम पs सहमति जतवलस। जदि मुर्मू चुनाव जीतली तs ऊ देश के पहिला आदिवासी राष्ट्रपति होइहें।

ओडिशा के रहनिहार हई 64 साल के मुर्मू

झारखंड के नउवा राज्यपाल रहल 64 साल के द्रौपदी मुर्मू ओडिशा के मयूरभंज के रहे वाली बाड़ी। ऊ उडीसा के रायरंगपुर से विधायक रह चुकल बाड़ी। ऊ पहिला ऑडियंस नेता रही जेकरा के राज्यपाल बनावल गइल रहे। एकरा पहिले बीजेपी-बीजेडी गठबंधन के सरकार में साल 2002 से 2004 तक मंत्री रहलीं।

विपक्ष के उम्मीदवार बाड़े यशवंत सिन्हा

ओने, विपक्ष पूर्व केंद्रीय मंत्री आ तृणमूल कांग्रेस के नेता यशवंत सिन्हा के राष्ट्रपति के उम्मीदवार तय कइले बा। एकरा बाद सिन्हा तृणमूल कांग्रेस से इस्तीफा दे देले। नई दिल्ली में विपक्ष के बइठक में एनसीपी प्रमुख शरद पवार कहले कि हमनी के 27 जून के सबेरे 11:30 बजे राष्ट्रपति चुनाव खातिर नामांकन दाखिल करे जा रहल बानी सs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]