[the_ad_group id="30365"]

Azamgarh By Election Voting: अखिलेश यादव के प्रतिष्ठा दांव परs, वोटिंग भइल सुरु

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आजमगढ़ लोकसभा उपचुनाव खातिरमतदान सुररू हो गइल बा। बता दीं कि एह उपचुनाव में भाजपा प्रत्याशी दिनेश लाल यादव निरहुआ, सपा के धर्मेंद्र यादव आ बसपा प्रत्याशी शाह आलम गुड्डू जमाली के बीच सीधा लड़ाई है.

आजमगढ़ से ई लो बा मैदान में 

  • बसपा प्रत्याशी शाह आलम गुड्डू जमाली
  • सपा प्रत्याशी धर्मेंद्र यादव
  • भाजपा प्रत्याशी दिनेश लाल यादव निरहुआ

आजमगढ़ में 2176 बूथ बनावल गइल बा। एमे 1633 बूथन पs वेबकास्टिंग के बेवस्था कइल गइल बा जबकि 385 बूथन पs वेब कैमरा लगावल गइल बा। 245 बूथन पs माइक्रो आब्जर्वर तैनात कइल गइल बा लो। एकरा संगही जिला के सब 2176 बूथन पs सीटीएमएस सेंट्रल पैरामिलेट्री फोर्स तैनात कइल गइल बा।

सपा के गढ़ रहल बा आजमगढ़

बता दीं कि भाजपा के प्रचंड लहर में आजमगढ़ में साल 2017 के पिछला चुनाव में समाजवादी पार्टी (Samajwadi Party) सबसे जादे पांच सीट जीतले रहे। चार सीट बीएसपी (BSP) जीतले रहे, जबकि बीजेपी (BJP) खाली फूलपुर पवई के सीट जीत सकल रहे। ओहिजा 2022 के विधानसभा चुनाव में सपा 10 के 10 सीटन पs आपन परचम लहरवले रहे। ओहिजा लोकसभा चुनाव के बात करीं तs वोटर्स 2014 के मोदी लहर के बादो मुलायम सिंह यादव के इहां से सांसद बनावल लो। ओहिजा. 2019 में खुद अखिलेश यादव इहां से चुनाव जीत के संसद पहुंचले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]