[the_ad_group id="30365"]

शिक्षामित्र लोग आपन मांगन से संबंधित पांच सूत्रीय ज्ञापन डीएम के सउपलस लो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर । उत्तर प्रदेश प्राथमिक शिक्षामित्र संघ के प्रदेश नेतृत्व के आह्वान पs जनपद गोरखपुर के जिला अध्यक्ष रामनगीना निषाद के नेतृत्व में सोमार 5 सितंबर शिक्षक दिवस के दिने अपराहन 3:00 बजे आपन जायज मांगन से  संबंधित माननीय मुख्यमंत्री जी के संबोधित पांच सूत्रीय ज्ञापन श्रीमान् जिलाधिकारी महोदय के सउपल लो।

उक्त अवसर पs संगठन के जिला अध्यक्ष रामनगीना निषाद कहले विगत 20 वरिसन से  शिक्षामित्र प्राथमिक विद्यालय में शिक्षण कार्य कs रहल बा लो जे स्नातक आ बीटीसी उत्तीर्ण बा, कुछ टेट आ सिटेटो पास बा लो। महंगाई के एह दौर में मात्र 10000 रुपिया मानदेय से शिक्षामित्रन के परिवार के भरण पोषण नइखे हो पावत। जवना से शिक्षामित्र आर्थिक आ मानसिक रूप से परेसान होके आत्महत्या जइसन प्राणघातक डेग उठा रहल बा लो भा कवनो गंभीर विमारियन के चपेट में बा लो।

समायोजन निरस्त होखला के बाद अब तक अलग-अलग कारणन से लगभग पूरा प्रदेश में 5000 से बेसी शिक्षामित्रन के असामयिक मौत हो चुकल बा। आगे श्री निषाद शासन प्रशासन से मांग कइलें बाड़ें कि शिक्षामित्रन के हित में सरकार संगठन द्वारा जायज 5 सूत्रीय मांगन के पूरा करें जेमे- उनकर मांग बा

  1. शिक्षामित्रन के 62 बरिस तक स्थाई कs के ओह लो के 40,000 वेतनमान निर्धारित कs के 12 महीना दिहल जाव।
  2. महिला शिक्षामित्रन के ओह लो ससुराल के निचिका के विद्यालय में स्थानांतरित आ पुरुष शिक्षामित्रन के मूल विद्यालय में वापसी खातिर एगो अवसर दिहल जाव।
  3. शिक्षामित्रन के शिक्षकन के भांति मेडिकल अवकाश के सुविधा दिहल जाव ।
  4. शिक्षामित्रन के शिक्षकन के भांति बीमा योजना में लाभान्वित कइल जाव।
  5. शिक्षामित्रन के आकस्मिक अवकाश के शिक्षकन के जइसन एक जनवरी से 31 दिसंबर तक मान्य कइल जाव।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]