[the_ad_group id="30365"]

रेल यात्रियन खातिर काम के खबर: दुर्गापूजा के लेके चली स्पेशल ट्रेन, गोरखपुर से सियालदह रूट के यात्रियन के मिली सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेल प्रशासन द्वारा आवे वाला त्यौहार पs यात्रियन के होखे  वाला अतिरिक्त भीड़ के धेयान में राखत 03131 सियालदह-गोरखपुर साप्ताहिक पूजा विशेष गाड़ी जे संचालन 02, 09, 16, 23 आ 30 अक्टूबर, 2022 दिन अतवार के सियालदह से आ 03132 गोरखपुर-सियालदह साप्ताहिक पूजा विशेष गाड़ी के संचालन 03, 10, 17, 24 आ 31 अक्टूबर, 2022 दिन सोमार के गोरखपुर से 05 फेरन खातिर चलावल जाई। एमे यात्रा करे वाला यात्रियन के कोविड-19 के सम्बन्ध में समय-समय पs जारी सब मानकन के पालन करे के होई।

03131 सियालदह-गोरखपुर साप्ताहिक पूजा विशेष गाड़ी 02, 09, 16, 23 आ 30 अक्टूबर, 2022 दिन अतवार के सियालदह से 23.05 बजे प्रस्थान कs के नैहाटी से 23.57 बजे, दूसरा दिने बण्डेल से 00.19 बजे, बर्द्धमान से 01.34 बजे, दुर्गापुर से 02.28 बजे, आसनसोल से 03.20 बजे, चितरंजन से 03.47 बजे, मधुपुर से 04.50 बजे, जसीडीह से 05.30 बजे, झाझा से 06.30 बजे, किऊल से 07.18 बजे, बरौनी से 08.50 बजे, शाहपुर पटोरी से 09.42 बजे, हाजीपुर से 10.45 बजे, छपरा से 12.15 बजे, सीवान से 13.20 बजे आ भटनी से 14.42 बजे छूटके गोरखपुर 17.20 बजे पहुंची।

वापसी के यात्रा में 03132 गोरखपुर-सियालदह साप्ताहिक पूजा विशेष गाड़ी 03, 10, 17, 24 आ 31 अक्टूबर, 2022 दिन सोमार के गोरखपुर से 18.55 बजे प्रस्थान कs के भटनी से 20.15 बजे, सीवान से 21.15 बजे, छपरा से 22.50 बजे, दूसरा दिने हाजीपुर से 00.20 बजे, शाहपुर पटोरी से 01.07 बजे, बरौनी से 02.20 बजे, किऊल से 03.42 बजे, झाझा से 05.05 बजे, जसीडीह से 05.49 बजे, मधुपुर से 06.16 बजे, चितरंजन से 07.11 बजे, आसनसोल से 08.37 बजे, दुर्गापुर से 09.10 बजे, बर्द्धमान से 10.45 बजे, बण्डेल से 12.07 बजे आ नैहाटी से 12.29 बजे छूटके सियालदह 13.30 बजे पहुंची। एह गाड़ी में वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के 06, शयनयान श्रेणी के 12 आ एस.एल.आर.डी. के 02 कोच सहित कुल 20 कोच लगावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]