Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उत्तर प्रदेश बनल भ्रष्टाचारियन के गढ़, भ्रष्टाचार के विरुद्ध सत्याग्रह के 420 वां दिन

शासकीय तंत्र के तंग भद्रा पs बनल सवालिया निशान

294

गोरखपुर। उत्तर प्रदेश लोक निर्माण विभाग के निरंकुश भ्रष्ट अभियंतन द्वारा खोलल गइल सुशासन आ भ्रष्टाचार पs जीरो टॉलरेंस के पोल। उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री के शहर में बेलगाम भ्रष्ट अभियंतन द्वारा लगभग अरबन रुपिया के कइल गइल वित्तीय अन्यमितता आ आर्थिक अपराध के प्रधान लेखाकार आ मुख्य लेखा परीक्षक के वार्षिक रिपोर्ट द्वारा कइल गइल खुलासा के बाद तीसर आंख मानवाधिकार संगठन द्वारा संदर्भित प्रकरण में पिछला बरिस कइल गइल दर्जनन शिकायत पत्रन पs वैधानिक कार्यवाही ना कइल गइला के बाद भ्रष्टाचार के विरुद्ध 14 महीनन से प्रचलित सत्याग्रह संकल्प के उपेक्षा कइल एह बात के इशारा करत बा कि अभियंतन द्वारा कइल गइल घोटालन में शासकीय तंत्र के संगठित भागीदारी बा। जवन लोकतंत्र आ लोकहित में स्वीकारे जोग नइखे।

आम जनता में कौतूहल के विषय बनल बा कि 14 महीनन से भ्रष्टाचार के विरुद्ध प्रचलित सत्याग्रह संकल्प पs व्यवस्था के पोषक खामोश काहे बा लो, आ संगठन सत्याग्रह संकल्प पs विवश काहे बा, का शासकीय तंत्र भ्रष्टाचारियन के विरुद्ध कार्यवाही करे में अक्षम बा भा संगठन के बिंदुवार ज्ञापन तथ्य हीन आ निराधार बा? अबूझ पहेली बनल बा, आ भ्रष्टाचार के अइसन गंभीर मुद्दन पs भ्रष्टाचार मुक्त समाज के नारा देवे वाला राजनैतिक आ गैर राजनीतिक नेतृत्व करता कहां बा लो? व्यवस्था के पोशकन के उपेक्षात्मक कार्यशैली से दमनकारी आ तानाशाही रवैया के बू आ रहल बा, जवना के अनुक्रम में संगठन के संस्थापक महासचिव शैलेंद्र कुमार मिश्र एह समाचार के माध्यम से व्यवस्था के पोषकन के नसीहत देले बाड़े कि “तहरा से पहिले जवन शख्स इहां तख्त नशीं रहे, ओकरो अपना खुदा होखला पs एतने यकीं रहे।” बेहतर होई कि व्यवस्था के पोषक भ्रष्टाचार मुक्त समाज के स्थापना करे लो, वरना भविष्य में गंभीर परिणाम भुगते के पड़ी।

सत्याग्रह कार्यक्रम में उपस्थित उच्च न्यायालय उत्तर प्रदेश के वरिष्ठ अधिवक्ता राजेश द्विवेदी, विशिष्ठ अतिथि डॉ0 जेपी नायक, प्रदेश उपाध्यक्ष, हीरा लाल गौड़, जिलाध्यक्ष, जिला मंत्री डॉ0 शोभित, जिला मंत्री श्रीवास्तव, सुबास यादव, कैलाश यादव उ0प्र0 मा0शि0 संघ, चिकित्सा जगत से सैयद वसीम इक्बाल, संगठन के संस्थापक महासचिव शैलेंद्र कुमार मिश्रा, गिरिजेश कुमार शुक्ला ऐडवोकेट राष्ट्रीय संयोजक, अनूप शुक्ला, अशोक तिवारी दिवानी बार गोरखपुर, योगेन्द्र कुमार मिश्रा एडवोकेट महामंत्री जिला कलक्ट्रेट बार एसोसिएशन, रमाकांत पांडे उर्फ राजू प्रदेश कार्य समिति सदस्य उ०प्र० ठेकेदार संघ, डी एन सिंह ठेकेदार जन कल्याण समिति लखनऊ के प्रदेश उपाध्यक्ष, लल्लन दुबे वरिष्ठ समाज सेवी, रामनिवास गुप्ता, वरिष्ठ कार्यकर्ता जियाउद्दीन अन्सारी, राजेश शुक्ला अधिवक्ता कमिश्नरी बार गोरखपुर, अनूप कुमार मिश्रा एडवोकेट स्नेहा मिश्रा एडवोकेट दीवानी कचहरी गोरखपुर सत्यव्रत जायसवाल, विरेन्द्र कुमार वर्मा, विरेन्द्र राय, जिला मंत्री रामचन्दर दूबे, जिला संयोजक राजमंगल गौर,राहुल श्रीवास्तव, जिला मीडिया प्रभारी शशी कांत, नानू अंसारी, बृजराज सैनी, संतोष गुप्ता, सुनील त्रिपाठी, देवांश माथुर, संजय गुप्ता, राजेश्वर पांडे, अमन कुमार, अजय पांडे, छेदी लाल पासवान, गोकुल गुप्ता, रीना शाही, मुन्ना सिंह, सत्य प्रकाश सिंह, गिरजा़ ऋत्विक मिश्रा, मनोज कुमार गुप्ता, नदीम अजीज, विशाल सिंह,सुधीर कुमार पांडे, शंकर नाथ सहित भारी संख्या में लोग उपस्थित रहे।

322810cookie-checkउत्तर प्रदेश बनल भ्रष्टाचारियन के गढ़, भ्रष्टाचार के विरुद्ध सत्याग्रह के 420 वां दिन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.