Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

शेयर बाजार : वैश्विक बाजार में कमजोरी के बाद भारतीय बाजार टूट गईल

सेंसेक्स 300 अवरू निफ्टी में 100 अंक के गिरावट आईल

2,390

वैश्विक बाजार में कमजोरी के चलते आज भारतीय बाजार में मंदी के संकेत देखाई देता। सेंसेक्स 52965 पर कारोबार कर रहल बा जवन लगभग 200 अंक गिर के बा. जबकि बाजार खुलला का समय निफ्टी में 60 अंक के गिरावट आइल बा. बाजार खुलला पर निफ्टी 15771 पर कारोबार कर रहल बा.

एशिया के अधिकतर बाजारन में लाल रंग के कारोबार हो रहल बा. हालांकि डाउ फ्यूचर्स में बढ़ोतरी भईल बा, लेकिन एसजीएक्स निफ्टी सपाट देखाई देता। काल्हु अमेरिकी बाजारन में मामूली कमजोरी भी देखल गइल। उहाँ बाजार सपाट बंद रहे। डाउ जोन्स में 62 अंक के गिरावट आइल बा. एस एंड पी 12 आ नास्डैक भी लाल निशान में बंद हो गइल।

एकरा संगे-संगे एशिया के अधिकांश बाजार में कारोबार सिर्फ लाल निशान में देखाई देता। स्ट्रेट टाइम्स भी 0.10 के कमजोरी देखा रहल बा। ताइवान के बाजार में भी गिरावट आ रहल बा। हंगसेंग, कोस्पी आ शंघाई कम्पोजिट सभे लाल रंग में बा.

कच्चा तेल फिर से बढ़ता बा

एक दिन के सुस्त रहला का बाद कच्चा तेल फेरू 116 डॉलर पार हो गइल बा.

282670cookie-checkशेयर बाजार : वैश्विक बाजार में कमजोरी के बाद भारतीय बाजार टूट गईल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.