[the_ad_group id="30365"]

PM Kisan Scheme: 12 वां किस्त से पहिले किसानन के मिल सकेला एगो आउर फायदा! जल्दी करीं ई काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

PM Kishan Yojna: सितंबर के महीना के शुरुआत के साथे प्रधानमंत्री किसान सम्मान निधि स्कीम (PM Kisan Samman Nidhi Scheme) के लाभार्थी योजना के 12वां किस्त के इंतजार कर रहल बा लो। अइसन में योजना के अगिला किस्त के 2,000 रुपिया (PM kisan 12th Installment) मिले से पहिले एगो बड़ खुशखबरी बा। सरकार लाभार्थियन के 2,000 रुपिया के संगही ‘किसान क्रेडिट कार्ड’ (Kisan Credit Card) के बड़ सुविधा देवे जा रहल बिया। जदि रउआ  अभी ले एह स्कीम खातिर एप्लीकेशन नइखीं देले तs जल्दी से जल्दी अप्लाई कs दीं।

का हs किसान क्रेडिट कार्ड?

गौर करे आला बात बा कि केसीसी के फायदा पात्र आ योग्य लाभार्थियन के मिलेला। किसान क्रेडिट कार्ड के माध्यम से किसान अपना फसल से जुड़ल खर्चन के निकाल सकेला लो। रउआ बिया, खाद, मशीन आदि चीजन खातिर पईसा निवेश कs सकत बानी। केसीसी के आवेदन खातिर रउआ अपना नजदीकी बैंक के चुनाव कs सकत बानी। एकरा खातिर रउआ 3 लाख के लोन 5 साल तक खातिर ले सकेनी। ओहिजा, एकर ब्याजो दर पs सरकार द्वारा 2 प्रतिशत के छूट मिलेला। अइसन में रउआ 9% के बजाए 7% ब्याज देवे के होई।

का बा आवेदन के तरीका?

किसान क्रेडिट कार्ड खातिर आवेदन रउआ कवनो बैंक में जाके कs सकेनी। बैंक में जाके एगो फॉर्म भरे के होई।एकरा संगही योजना से संबंधित कुछ जरूरी डॉक्यूमेंट्न  के उहां जमा करे के होई। बैंक डॉक्यूमेंट्स के वेरिफाई करी। पीएम किसान योजना के लाभार्थी आसानी से केसीसी के खातिर अप्लाई कs सकेला लो।

एह डॉक्यूमेंट्स के पड़ी जरूरत-

  • 2 पासपोर्ट साइज फोटो (Passport Size Photo)
  • आधार कार्ड (Aadhaar Card)
  • पैन कार्ड (PAN Card)
  • ड्राइविंग लाइसेंस (Driving License)

साभार: एबीपी न्यूज़

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]