[the_ad_group id="30365"]

शाहिद अफरीदी बननें पाकिस्तान के नया मुख्य चयनकर्ता, दू दिन पहिले बदलल रहनें पीसीबी चेयरमैन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान के पूर्व क्रिकेटर शाहिद अफरीदी के पाकिस्तान के अंतरिम मुख्य चनयकर्ता नियुक्त कइल गइल। ऊ मोहम्मद वसीम अब्बासी के जगह लिहले बानें। पाकिस्तान क्रिकेट बदलाव के दौर से गुजर रहल बा। दू दिन पहिलही रमीज राजा के जगह नजम सेठी पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड के नयका अध्यक्ष बनल रहनें अउर अब टीम के मुख्य चनयकर्ता भी बदल दिहल गइल बा।

पाकिस्तान के हाले में इंग्लैंड के खिलाफ घरेलू टेस्ट सीरीज में 0-3 से हार के सामना करे के पड़ल रहे। एह शर्मनाक हार के बाद पाकिस्तान क्रिकेट में बवाल मचल बा अउर एही वजह से इहां क्रिकेट बोर्ड में बदलाव हो रहल बा।

अफरीदी फिलहाल पाकिस्तान के चयनकर्ता के रूप में काम करिहें लेकिन आवे वाले समय पs स्थायी चयनकर्ता के चुनाव कइल जाई। कुछ महीना पहिले इंग्लैंड के टीम एशेज में बाउर तरह से हार गइल बा अउर इंग्लैंड क्रिकेट बोर्ड में काफी बदलाव भइल रहे। ब्रेंडन मैक्कुलम टीम के नयका कोच बननें अउर एकरे बाद से इंग्लैंड के टीम कमाल कs रहल बा। अब पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड भी एही ढर्रा पर चल रहल बा।

शाहिद अफरीदी के साथ अब्दुल रज्जाक अउर राव इफ्तिखार अंजुम भी चयन समिति के हिस्सा बानें। पीसीबी नयका चयन समिति के पहिला जिम्मेदारी ई देहले बानें कि पुरानी चयन समिति के द्वारा चुनल गइल टीम के फिर अवलोकन करीं अउर अगर सही खिलाड़ियन के नइखे चुनल गइल त एहमें बदलाव करें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]