[the_ad_group id="30365"]

IND vs BAN टेस्ट मैच: भारत के बल्लेबाजी शुरू, राहुल-गिल क्रीज पर, बांग्लादेश के टीम पहिला पारी में 227 रन पs ढ़ेर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत अउर बांग्लादेश के बीच टेस्ट सीरीज के दूसरा मुकाबला ढाका में हो रहल बा। सीरीज के पहिला मैच जीतकर टीम इंडिया 1-0 से आगे बा। अब दूसरा मैच भी जीत के भारत 2-0 से सीरीज अपने नाम कइल चाही। बांग्लादेश भारत के खिलाफ टॉस जीत के बल्लेबाजी करत पहिला पारी में 227 रन बनवलस।

बांग्लादेश खातिर सबसे ज्यादा 84 रन के पारी मोमिनुल हक खेलनें। उनके अलावा टीम के कौनहू बल्लेबाज बड़ पारी नाइ खेल पवलें। 26 रन बनावे वाले मुश्फिकुर रहीम टीम के दूसरा सबसे बड़ स्कोरर रहनें। भारत खातिर उमेश यादव अउर रविचंद्रन अश्विन चार-चार विकेट लिहलें। जयदेव उनादकट के दू विकेट मिलल। अश्विन खालेद अहमद के उनादकट के हाथों कैच करा के बांग्लादेश के पारी खतम क देहलें।

भारत के बल्लेबाजी शुरू

बांग्लादेश के 227 रन पर रोकला के बाद पहिलही दिन भारतीय टीम भी बल्लेबाजी खातिर आ गइल बा। कप्तान लोकेश राहुल अउर शुभमन गिल के सलामी जोड़ी क्रीज पर बा। तीन ओवर में भारत बिना कौनो विकेट के आठ रन बना लिहले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]