Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

100वें टेस्ट में दोहरा शतक लगावे वाला दूसरा बल्लेबाज बनलें डेविड वॉर्नर, सचिन के रिकॉर्ड के भी कइलें बराबरी

497

ऑस्ट्रेलिया अउर दक्षिण अफ्रीका के बीच बॉक्सिंग डे टेस्ट में कंगारू बल्लेबाज डेविड वॉर्नर खास उपलब्धि अपने नाम कइले बानें। ऊ अपने 100वें टेस्ट में शतक लगवले बानें। ऊ अइसन करे वाले 10वां बल्लेबाज हवें। उहवें, ऊ ऑस्ट्रेलिया के दूसरा खिलाड़ी हवें, जे अइसन कइले बा। वॉर्नर से पहिले रिकी पोंटिंग ई काम कइले रहनें। एह शतक के संगे वॉर्नर सचिन के खास रिकॉर्ड के बराबरी कs लिहले बानें।

ऊ बतौर ओपनर सबसे ज्यादा शतक लगावे वाला बल्लेबाज बन गइल बानें। सचिन पारी के शुरुआत करत अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में 45 शतक लगवले बानें अउर वॉर्नर भी अइसन कs चुकल बानें। वॉर्नर के शतक के चलते सीरीज के दूसरे मैच में ऑस्ट्रेलिया के टीम मजबूत स्थिति में पहुंच गइल बा अउर भारत खातिर ई सुखद खबर बा। अगर दक्षिण अफ्रीका ई मैच हार जातिया त भारत खातिर टेस्ट चैंपियनशिप के फाइनल के राह आसान हो जाई।

डेविड वॉर्नर लगभग तीन साल बाद टेस्ट क्रिकेट में शतक लगवले बानें। ऊ लमहर समय से खराब फॉर्म से जूझत रहनें अउर उनके टीम से बाहर करे के बातो होत रहल । अब वॉर्नर अपने बल्ला से सब के मुंह बंद कs दिहले बाने। मेलबर्न के मुश्किल पिच पर ऊ अपने टीम के बेहतर स्थिति में पहुंचवले बानें अउर टेस्ट क्रिकेट में आपन 8000 रन भी पूरा कs लिहले बानें। ऊ अपने 100वें टेस्ट में दोहरा शतक लगावे वाले पहिला ऑस्ट्रेलियाई बल्लेबाज हवें। उहवें दुनिया के दूसर बल्लेबाज बानें, उनसे पहिले जो रूट अइसन कइले रहनें।

अपने 100वें टेस्ट में शतक लगावे वाले बल्लेबाज

बल्लेबाज रन टीम विपक्षी टीम मैदान साल
कॉलिन कॉड्रे 104 इंग्लैंड  ऑस्ट्रेलिया बर्मिंघम 1968
जावेद मियांदाद 145 पाकिस्तान भारत लाहौर 1989
गॉर्डन ग्रीनिज 149 वेस्टइंडीज इंग्लैंड सेंट जॉन्स 1990
एलेक स्टेवर्ट 105 इंग्लैंड वेस्टइंडीज मैनचेस्टर 2000
इंजमाम उल हक 184 पाकिस्तान भारत बेंगलुरू 2005
रिकी पोंटिंग 120 ऑस्ट्रेलिया दक्षिण अफ्रीका सिडनी 2006
रिकी पोंटिंग 143* ऑस्ट्रेलिया दक्षिण अफ्रीका सिडनी 2006
ग्रीम स्मिथ 131 दक्षिण अफ्रीका इंग्लैंड द ओवल 2012
हासिम अमला 134 दक्षिण अफ्रीका श्रीलंका जोहानिसबर्ग 2017
जो रूट 218 इंग्लैंड भारत चेन्नई 2021
डेविड वॉर्नर 200 ऑस्ट्रेलिया दक्षिण अफ्रीका मेलबर्न 2022
422250cookie-check100वें टेस्ट में दोहरा शतक लगावे वाला दूसरा बल्लेबाज बनलें डेविड वॉर्नर, सचिन के रिकॉर्ड के भी कइलें बराबरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.