[the_ad_group id="30365"]

अयोध्या के परिक्रमा मेला में भगदड़ मचले से दर्जन भर लोग घाही, एक लोग के हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अयोध्या में मंगर रात शुरू भइल 14 कोसी परिक्रमा में हनुमान गुफा के पास भगदड़ मचले से दर्जन भर घाही हो गइलें जेमें 5 के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा। प्राप्त जानकारी के अनुसार बीतल रात 12:48 से शुरू भइल 14 कोसी परिक्रमा में हनुमान गुफा के पास अचानक भगदड़ मच गइल, जेकरे चलते लगभग दर्जन भर लोग घायल हो गइलें।

कुछ घायलन के राजकीय श्रीराम अस्पताल अयोध्या ले जाइल गइल। जहां प्राथमिक उपचार के बाद उनके घर भेज दिहल गइल। गंभीर रूप से घायल 5 महिला लोग के जिला चिकित्सालय भेजल गइल। जेमें एक के हालत गंभीर होखले पs लखनऊ रेफर कs दिहल गइल रहे।

घायलन में बिट्टी पत्नी साधु राम अवस्थी आयु 70 वर्ष निवासी किशनगंज जिला बहराइच, रामादेवी पत्नी आज्ञाराम त्रिवेदी आयु 70 वर्ष निवासी बहराइच, कीर्ति कुमारी पत्नी राम नरेश मिश्रा आयु 40 वर्ष निवासी पखरपुर जिला बहराइच, कल्याना पत्नी रामकेवल आयु 60 वर्ष निवासी रामापुर थाना फखरपुर जिला बहराइच, सावित्री पत्नी सुंदरलाल आयु 60 वर्ष निवासी नौसहरा जनपद बहराइच, भगदड़ में घायल हो गइलें। जिनके 108 एंबुलेंस द्वारा रात 3:30 बजे जिला चिकित्सालय लावल गइल। जहां इमरजेंसी ड्यूटी कs रहल डॉक्टर शिशिर श्रीवास्तव घायलन के भर्ती क के उपचार शुरू कइलें।

सावित्री के हालत गंभीर देखत लखनऊ ट्रामा सेंटर रेफर कs दिहल गइल बा। अन्य चार महिला लोग के उपचार जनरल वार्ड में चल रहल बा। उहवें, जिला प्रशासन के कौनो भी अधिकारी घायलन के हालचाल लेहले के अभिन ले जिला अस्पताल नाइ पहुंचल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]