Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Big Breaking: छपरा में जहरीली शराब से 5 के मौत: तबीयत बिगड़ला के बाद सभे अस्पताल में तुड़ल दम; बढ़ सकत बा मौत के आंकड़ा

बिहार में शराबबंदी के बादो एह तरह के लगातार हो रहल घटना प्रशासन खातिर चिंता के सबब बनल।

371

बिहार में शराबबंदी के बावजूद जहरीली शराब के कहर जारी बा। छपरा के मशरक के आसपास के क्षेत्रन में जहरीली शराब से 5 लोगन के मौत भइल बा। हालांकि, प्रशासन के ओर से शराब से मौत के पुष्टि नइखे भइल, बाकिर आसपास के लोगन के कहनमा बा कि सभे शराब पियले रहे। ओकरा बाद ओह लोगन के तबीयत बिगड़े लागल।

सब लोग 1 किमी के एरिया में रहेला। डोइला इलाका में बड़ पैमाना पर देसी शराब बनेला आ बिकेला। पांचों लोग मंगर के शराब पियले रहे। सभे के मौत मंगर के देर रात भइल बा।

परिवार के लोगन के मोताबिक सभे शराब पियले रहे। जइसही घरे लेवटल लोग तब तक तबीयत बिगड़े लागल। अस्पताल ले गइल, बाकिर तब तक मौत हो चुकल रहे। घटना इसुआपुर थाना क्षेत्र के डोइला गांव के हs।

मृतकन के पहचान डोइला गांव निवासी संजय सिंह, पिता वकील सिंह; हरिंदर राम, पिता गणेश राम आ सीमावर्ती मसरख थाना क्षेत्र के यदुमोड़ निवासी कुणाल सिंह बतावल जा रहल बा। डोइला निवासी अमित रंजन, पिता विजेंद्र प्रसाद सिन्हा के सदर अस्पताल में इलाज के क्रम में देर रात मौत हो गइल। मुकेश शर्मा, पिता बच्चा शर्मा के इलाज के दौरान मौत हो गइल।

बढ़ सकत बा मौत के आंकड़ा, छावनी बनल सदर अस्पताल

लोगन के मानल जाव तs मौत के आंकड़ा अभी आउर बढ़ सकत बा। जहरीली शराब के भनक लगते सदर अस्पताल छावनी के रूप में तब्दील हो गइल। देर रात तक पुलिसकर्मी आ प्रशासनिक पदाधिकारी भाग-दउर करत देखल गइल लो। हालांकि जहरीली शराब के सेवन पs कुछुओ बोले से कतरात रहल लोग। तीन लोगन के मौत गांवे में हो गइल रहे जबकि चौथा व्यक्ति के मौत इलाज के क्रम में सदर अस्पताल में हो गइल बा।

शव के पोस्टमार्टम कराई प्रशासन

एह घटना के बाद गांव में चीख-पुकार मच गइल। ओहिजा, जिला प्रशासन में हड़कंप मच गइल। मढ़ौरा डीएसपी मौका पर पहुंच के ममिला के छानबीन में लागल बाड़े। पुलिस आ आउर पदाधिकारी इलाका में जाके आउर बेमार लोगन के तलाश कर रहल बा लोग।

एमे अमित रंजन के उपचार चलला के सूचना के बाद जिला पुलिस बल छपरा सदर अस्पताल पहुंचल। ओहिजा उपचार के क्रम में अमित रंजन के मौत के बाद पुलिस शव के कब्जा में ले लेले बिया। एह दौरान मौका पर मवजूद पुलिसकर्मी लोग बतावल कि शव के पोस्टमार्टम करावल जाई। जवना से मौत के कारणन के पता चल गइल।

साभार: दैनिक भास्कर

409340cookie-checkBig Breaking: छपरा में जहरीली शराब से 5 के मौत: तबीयत बिगड़ला के बाद सभे अस्पताल में तुड़ल दम; बढ़ सकत बा मौत के आंकड़ा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.