[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर-बस्ती में सीवियर कोल्ड डे के अलर्ट: 3 दिनन तक गलन रही बरकरार, पारा पहुंचल 8 डिग्री

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। गोरखपुर में मंगर के तापमान सामान्य होखला के बाद बुध के मौसम एक बेर फेर अंगड़ाई लेलस। सबेरही से छाइल कोहरा आ गलन के बीच लोग ठिठुरे के मजबूर बा। ओहिजा मौसम विभाग आज सीवियर कोल्ड डे के चेतावनी जारी कइले बा। दिनभर गोरखपुर आ बस्ती में कड़ाका के ठंड के साथ गलन बरकरार रही।

एकरा संगही गोरखपुर आ आसपास के 8 जिलन में कोहरा के ऑरेंज आ पूर्वांचल के 27 जिलन में येलो अलर्ट जारी कइल गइल बा। ओहिजा 12 जिलन में बरखा के संभावना बनल बा। कोहरा के आलम कुछ अइसन बा कि गोरखपुर आवे वाली ट्रेन करीब 25 से 32 घंटा तक लेट चल रहल बाड़ी सs। जबकि दिल्ली आ मुंबई से आवे वाला विमान 2-3 घंटा के देरी से पहुंचल। धुंध के वजह से सड़क दुर्घटना बढ़ गइल बा। हाइवे पs जगह-जगह कइयन गो वाहन टकरा गइल।

पश्चिमी विक्षोभ के चलते 3 दिनन तक बरकरार रही गलन

मौसम वैज्ञानिक अतुल के अनुसार पश्चिमी विक्षोभ के चलते 3 दिनों तक ठंडा बनल रहला के आसार बा। सुबह कोहरा पड़ी तs सांझ के गलन बढ़ जाई। बुध के न्यूनतम तापमान 8 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। जबकि अधिकतम तापमान 15 डिग्री के अंदर बनल बा। बुध के चार किलोमीटर के गति से हवा चल रहल बा। ओहिजा मौसम में 82 फीसदी नमी बनल बा।

151 एक्यूआई भइल गोरखपुर के प्रदूषण के स्तर

बुध के नमी के चलते प्रदूषण के स्तर बढ़ गइल बा। हालांकि, अभी ई मध्यम श्रेणी में बा। दिन में एक्यूआई के अधिकतम स्तर 151 दर्ज कइल गइल। जबकि न्यूनतम 81 पs रहल। क्षेत्रीय प्रदूषण नियंत्रण अधिकारी के कहनाम बा कि नमी के चलते धूल के कण ऊपर नइखे उठ पा रहल। हवा के चलते वायुमंडल में जमा धुआ के कण हट जा रहल बा। जवना से शहर के एक्यूआई बढ़ रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]