[the_ad_group id="30365"]

जम्मू कश्मीर में कांग्रेस के बड़ झटका, पूर्व उपमुख्यमंत्री ताराचंद सहित 50 से बेसी नेता लोग देहलें इस्तीफा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू-कश्मीर कांग्रेस कमेटी के मंगर के एक बेर फिर झटका मिलल बा। एक ओर पार्टी गुलाम नबी आजाद के गइला के बाद डैमेज कंट्रोल कइले के कोशिश कर रहल बा त दुसरका ओर पार्टी से नेता के इस्तीफा देहले के सिलसिला जारी बा। मंगर के पूर्व उपमुख्यमंत्री तारा चंद, पूर्व मंत्री अब्दुल मजीद वानी सहित 50 से ज्यादा नेता लोग कांग्रेस के साथ छोड़ले के घोषणा क देहलें।

मंगलवार के पूर्व उपमुख्यमंत्री तारा चंद, पूर्व मंत्री अब्दुल मजीद वानी, पूर्व विधायक बलवान सिंह, पूर्व मंत्री डॉ. मनोहर लाल शर्मा, प्रदेश कांग्रेस महासिचव विनोद मिश्रा, विनोद शर्मा, नरिंद्र शर्मा सहित 50 से ज्यादा नेता लोग पार्टी से इस्तीफा दे दिहलें बानें। ई सब नेता लोग जम्मू में प्रेसवार्ता कs के कांग्रेस के दामन छोड़ के गुलाम नबी आजाद के समर्थन देहले के एलान कइले बा।

ओंने, मंगर के कांग्रेस जम्मू में शक्ति प्रदर्शन के तैयारी में बा। नवनियुक्त प्रदेशाध्यक्ष विकार रसूल के संगे एआईसीसी के जम्मू-कश्मीर अउरी लद्दाख मामिला के प्रभारी रजनी पाटिल मंगलवार के जम्मू पहुंच रहल बाड़ी। दूनों नेता के जम्मू एयरपोर्ट से पार्टी मुख्यालय तक रैली के शक्ल में जोरदार स्वागत कsके पार्टी के डैमेज कंट्रोल कइलें के योजना बा।

एसे पहिले सोमार के पूर्व डिप्टी स्पीकर गुलाम हैदर मलिक सहित कांग्रेस के तीन अउरी नेता दिग्गज राजनेता गुलाम नबी आजाद के समर्थन में पार्टी से इस्तीफ़ा के घोषणा कइलें। कठुआ के बनी विधानसभा क्षेत्र के पूर्व विधायक हैदर मलिक, कठुआ से पूर्व एमएलसी सुभाष गुप्ता सहित डोडा से पूर्व एमएलसी श्याम लाल भगत पार्टी आलाकमान के आपन इस्तीफे भेजले रहनें। आजाद के करीबी सहयोगी अउरी पूर्व मंत्री जी एम सरूरी एह बारे में सोमार के कहले रहनें कि उनके मलिक, गुप्ता अउर भगत के समर्थन खातिर पत्र मिलल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]