[the_ad_group id="30365"]

फ्री राशन के बाद यूपी सरकार बंद कइलस एगो अउरी कल्याणकारी योजना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में अनुसूचित जाति अउरी सामान्य वर्ग के गरीब बेटियन के बियाह खातिर 20 हजार रुपया अनुदान राशि देहल जात रहे। उत्तर प्रदेश सरकार व्यक्तिगत शादी अनुदान योजना के पोर्टल के बंद करे खातिर एनआईसी के पत्र लिखले बा। काहेसेकि मई के बजट में एह योजना के पैसा नाइ देहल गइल रहे। कुछ दिन पहिले यूपी सरकार फ्री राशन योजना के भी बंद क देहलें रहे।

उत्तर प्रदेश में महिना में दू बेर मुफ्त राशन बंटात रहल। एगो राष्ट्रीय खाद्य सुरक्षा अधिनियम के तहत प्रदेश सरकार द्वारा नियमित राशन वितरण त दूसरा प्रधानमंत्री गरीब कल्याण अन्न योजना में। अब एक योजना में कार्ड धारकन के राशन के पइसा देवे के पड़ी। एह योजना में प्रदेश सरकार पुरान व्यवस्था बहाल कs देहले बा।

जुलाई माह के राशन 25 अगस्त से 31 अगस्त के बीच बांटल जाई। एकरे खातिर कार्डधारकन के गेहूं दो रुपया प्रति किलो अउरी चावल तीन रुपया प्रति किलो के दर से दिहल जाई। सब जिला पूर्ति अधिकारियन के भी एह संबंध में विस्तृत दिशा निर्देश जारी कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]