[the_ad_group id="30365"]

‘तहऊ सत्ता के नशा में बुड़ गइलs’, केजरीवाल के अन्ना हजारे देहलें नसीहत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली सरकार के चर्चित नई शराब नीति के ले के देश के अग्रणी सामाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के पत्र लिख के नसीहत देहलें बानें। पत्र में अन्ना केजरीवाल के उलाहना देत कहलें, ‘तहऊ सत्ता के नशा में डूब गइलs। एगो बड़ आंदोलन से जन्मल पार्टी खातिर ई शोभा नाइ देला।

अन्ना केजरीवाल से कहलें, तू ‘स्वराज’ नाम के किताब में केतना आदर्श बात लिखले रहलs। तहसे बड़िये उम्मीद रहल, लेकिन, बुझाता राजनीति में गइला अउरी मुख्यमंत्री बनले के बाद तू आदर्श विचारधारा के भुला गइल बाड़s। जौने तरे शराब के नशा होला, ओही तरे सत्ता के भी नशा होला। तहऊ अइसन सत्ता के नशा में डूब गइल बाड़s, अइसन बुझाता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]