[the_ad_group id="30365"]

हरिहर निशान पर खुलल बाजार, सेंसेक्स 250 अंक से बढ़ल, निफ्टी 17600 के पार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय शेयर बाजार बियफ़े के हरिहर निशान पर खुलल। एह दौरान सेंसेक्स में 250 अंक के मजबूती दिखल अउरी फिलहाल 58,879 अंकों पर कारोबार कs रहल बा। उहवें शुरुआती कारोबार में निफ्टी बिकवाली के बावजूद 17600 के स्तर पर बा। एनटीपीसी के शेयरन में तीन प्रतिशत के मजबूती बा जबकि अदाणी इंटरप्राइजेस के शेयर दू प्रतिशत ले उछलल बा।

ग्लोबल मार्केट से मिलल संकेत

एसे पहिले ग्लोबल बाजार से मिलल-जुलल संकेतन के बीच भारतीय बाजार में ठोस शुरुआत भइल बा। एह दौरान बैंकिंग, वित्तीय सेवा, मेटल अउर रियल्टी सेक्टर के शेयर में खरीदारी दिखल। एसे बाजार के मजबूती मिलल। निफ्टी के रियल्टी इंडेक्स में सबसे बेसी खरीदारी दिखल। एनटीपीसी के शेयर में शुरुआती कारोबार में बढ़िया मजबूती दिख रहल बा। बता देईं कि एसे पहले बियफ़े के बजार में एफआईआई 2290 करोड़ रुपया के नकद में बिकवाली कइले रहल जबकि डीआईआई 951 करोड़ रुपया के खरीदारी कइले रहल।

शुरुआती बढ़त के बाद दिखल बिकवाली

शेयर बाजार में शुरुआती बढ़त के बाद बिकवाली भी दिखल। ओपनिंग के तनिके देर बाद बाजार कमजोर हो के लाल निशान में आइल। हालांकि, एहमें दूबारा रिकवरी दिख रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]