Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सोमार के सेंसेक्स 300 अंक के तेजी के संगे भइल 60,000 के पार, निफ्टी 17900 के ऊपर पहुंचल

2,196
सोमवार के सेंसेक्स 300 अंक के तेजी के संगे 60,000 के पार पहुंच गइल बा, उहवें निफ्टी भी 65 अक के तेजी के संगे 17900 के ऊपर पहुंच गइल बा। बाजार में शुरुआती बढ़त के बाद हलुक बिकवाली दिख रहल बा। शुरुआती करोबार में नजारा टेक के शेयर में पांच प्रतिशत ले के तेजी देखल जा रहल बा। टेक महिंद्रा, अदाणी पोर्ट्स सेज, इंफोसिस अउरी टाटा स्टील के शेयर में भी तेजी दिख रहल बा। उहवें पावर ग्रिड, एचडीएफसी बैंक, एचडीएफसी, बजाज फिनसर्व अउरी एसबीआई जइसन शेयर में मंदी दिख रहल बा।
एसे पहिले, अंतरराष्ट्रीय बाजार से सोमवार के भारतीय बाजार खातिर निम्मन संकेत मिलल। एसे पहिले सुक्क के दिने अमेरिकी बाजार में तेजी दिखल। डाऊ जोंस 375 अंक त निफ्टी में 294 अंक के बढ़त दिखल। एह तेजी के कारण  सेंसेक्स 59793 के स्तर पs त निफ्टी 17833 के स्तर पर बंद भइल।
सुक्क के भारतीय बाजार में एफआईआई 2132 करोड़ रुपया के खरीदारी कइलस जबकि डीआईआई ने 1168 करोड़ रुपया के बिकवाली कइलस। ग्लोबल मार्केट में कच्चा तेल 91 डॉलर प्रति बैरल के आसपास बनल बा। उहवें डॉलर इंडेक्स 109 के नीचे लगातार चौथा दिन गिरल बा। बॉन्ड यील्ड 3.3% के पास स्थिर बा जबकि यूरोपीय बाजारों में एक से डेढ़ प्रतिशत के तेजी दिख रहल बा।
327290cookie-checkसोमार के सेंसेक्स 300 अंक के तेजी के संगे भइल 60,000 के पार, निफ्टी 17900 के ऊपर पहुंचल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.