[the_ad_group id="30365"]

सितंबर का पहिला दिन बाजार के नाइ भावल, सेंसेक्स 850 अंक टूटल, निफ्टी 17550 के नीचे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सितंबर महीना के पहिला दिन भारतीय शेयर बाजार के मने नाइ भावल। वायदा कारोबार के एक्सपायरी के दिन बाजार 850 अंक ले टूट गइल। बाजार अपने पिछले करोबारी दिन के बढ़त के तेजी से गंवावत दिखल। फिलहाल सेंसेक्स 744 अंक के कमजोरी के संगे 58,792 अंक पर कारोबार कर रहल बा। उहवें निफ्टी 210 अंक के कमजोरी के संगे 17548 अंक पर बा।

एसे पहिले सेंसेक्स 826 अंक गिरकर 58,710 अंक पर खुलल। उहवें निफ्टी 244 अंक टूट के 17507 के स्तर पर खुलल। गुरुवार के शुरुआती कारोबारी सेशन में बैंकिंग, फाइनेंशियल सर्विसेज, IT, रियल्टी, एफएमसीजी सेक्टर के शेयर में बिकवाली के कारण कमजोरी दिख रहल बा। सेंसेक्स के 30 में से 25 शेयरन में गिरावट बा। भारती एयरटेल टॉप गेनर बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]