[the_ad_group id="30365"]

काेरोना के खतरा से डेराइल बाजार, सेंसेक्स 625 अंक टूटल, निफ्टी 18000 से नीचे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हफ्ता के आखिरी कारोबारी दिन घरेलू शेयर बाजार में गिरावट के संगे कारोबार के शुरुआत भइल। कोरोना वायरस के मामिला एक बेर फिर बढ़े के जुड़ल खबरन के बीच सुक्क के बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज के सेंसेक्स बेंचमार्क 625 अंक के बड़ गिरावट के साथ 60200 के लेवल पर खुलल।
उहवें, नेशनल स्टॉक एक्सचेंज के निफ्टी बेंचमार्क भी पिछले दिन के मजबूती गंवावत 18000 के लेवल से नीचे पहुंच गइल बा। निफ्टी 150 अंक के गिरावट के साथ 18 हजार के नीचे 17977 पर खुलल। इहवें, बैंक निफ्टी 457 अंक के गिरावट के साथ 41951 के स्तर पर खुलल। सुक्क के शुरुआती कारोबार में सेंसेक्स के 30 शेयर में महज चार शेयर ही हरिहर निशान पर कारोबार करत दिखाई दिहल।

सुक्क के शुरुआती कारोबार में सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

शुरुआती कारोबार में बाजार के प्रमुख इंडेक्स के कइसन बा प्रदर्शन

शुरुआती ट्रेडिंग सेशन में निफ्टी के टॉप गेनर अउर टॉप लूजर शेयर

डॉलर के मुकाबले रुपया मामूली रूप से कमजोर हो के खुलल

रुपया सुक्क के दिन डॉलर के मुकाबले 0.05% कमजोर होके 82.8000 रुपया के लेवल पर खुलल। एहसे पिछले दिन ई 82.7625 रुपये के स्तर पर बंद भइल रहे।

TAGS:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]