Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

SEBI On Buyback: स्टॉक एक्सचेंज के माध्यम से शेयरन के बायबैक के धीरे-धीरे खतम करी सेबी

SEBI Update: सेबी के बोर्ड बैठक में निवेशकन के हितन के रक्षा करे खातिर स्टॉक एक्सचेंज के माध्यम से शेयर बायबैक के खतम करे के फैसला लिहल गइल बा।

910

SEBI On Share Buyback: शेयर बाजार के रेग्युलेटर सेबी स्टॉक एक्सचेंज के माध्यम से कंपनियन के शेयर बायबैक के खत्म करे के फैसला कइले बा। सेबी के भइल बोर्ड बैठक में स्टॉक एक्सचेंजन के माध्यम से बायबैक के खतम करे के मंजूरी दे दिहल गइल।

मंगर के सेबी के बोर्ड बैठक भइल जेमे सेबी चीफ माधवी पुरी बुच रेग्युलेटर शेयर बाजार से शेयर बायबैक के तरीका में पक्षपात के आशंका के देखत अब टेंडर रूट के वरीयता देवे के फैसला कइल गइल बा। ऊ कहलें, ई एगो क्रमिक रूप से आगे बढ़े वाला रास्ता हs आ शेयर बाजार के माध्यम से शेयरन के पुनर्खरीद करे के मवजूदा ढंग के धीरे-धीरे खतम कइल जाई।

शेयर बाजार में लिस्टेड कंपनी निवेशकन के लगे मवजूद शेयरन के किने खातिर खुला बाजार से शेयरन के बायबैक करेले। एकरा अलावे पुनर्खरीद के एगो तरीका निविदा प्रस्ताव के बा जवना के सेबी धीरे-धीरे लागू करी। सेबी बोर्ड बैठक में इहो तय कइले बा  कि शेयर बाजार से होखे वाला पुनर्खरीद से जुटावल गइल राशि के 75 प्रतिशत हिस्सा कंपनियन के इस्तेमाल करे के होई। अभी तक ई सीमा 50 प्रतिशत रहे।

सेबी इहो कहलस कि मवजूदा व्यवस्था बनल रहे तक बायबैक के प्रक्रिया के अंजाम देवे खातिर एक्सचेंज पs एगो अलग विंडो सुरू कइल जाई। शेयर बाजार से होखे वाला बायबैक में शेयरन के खरीद मवजूदा बाजार भाव पर होखला से अधिकांश शेयरधारकन खातिर शेयरन के स्वीकृत होखल बहुत हद तक संजोग पs निर्भर होला। ई साफ ना होला कि शेयरन के पुनर्खरीद के तहत लिहल गइल बा कि ओकन के खुला बाजार में बेचल गइल बा। एकरा वजह से शेयरधारक बायबैक के लाभ के दावा ना कs पावेला।

एह समस्यन के देखत सेबी के बोर्ड शेयरन के बायबैक के नियमन में संशोधन के मंजूरी देले बा। एचडीएफसी के वाइस चेयरमैन एआ सीईए केकी मिस्त्री के अगुवाई वाली एगो सेबी समिति खुला बाजार से शेयर बायबैक के चरणबद्ध ढंग से खतम करे के सिफारिश कइले रहे।

416460cookie-checkSEBI On Buyback: स्टॉक एक्सचेंज के माध्यम से शेयरन के बायबैक के धीरे-धीरे खतम करी सेबी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.