[the_ad_group id="30365"]

SEBI On Buyback: स्टॉक एक्सचेंज के माध्यम से शेयरन के बायबैक के धीरे-धीरे खतम करी सेबी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

SEBI On Share Buyback: शेयर बाजार के रेग्युलेटर सेबी स्टॉक एक्सचेंज के माध्यम से कंपनियन के शेयर बायबैक के खत्म करे के फैसला कइले बा। सेबी के भइल बोर्ड बैठक में स्टॉक एक्सचेंजन के माध्यम से बायबैक के खतम करे के मंजूरी दे दिहल गइल।

मंगर के सेबी के बोर्ड बैठक भइल जेमे सेबी चीफ माधवी पुरी बुच रेग्युलेटर शेयर बाजार से शेयर बायबैक के तरीका में पक्षपात के आशंका के देखत अब टेंडर रूट के वरीयता देवे के फैसला कइल गइल बा। ऊ कहलें, ई एगो क्रमिक रूप से आगे बढ़े वाला रास्ता हs आ शेयर बाजार के माध्यम से शेयरन के पुनर्खरीद करे के मवजूदा ढंग के धीरे-धीरे खतम कइल जाई।

शेयर बाजार में लिस्टेड कंपनी निवेशकन के लगे मवजूद शेयरन के किने खातिर खुला बाजार से शेयरन के बायबैक करेले। एकरा अलावे पुनर्खरीद के एगो तरीका निविदा प्रस्ताव के बा जवना के सेबी धीरे-धीरे लागू करी। सेबी बोर्ड बैठक में इहो तय कइले बा  कि शेयर बाजार से होखे वाला पुनर्खरीद से जुटावल गइल राशि के 75 प्रतिशत हिस्सा कंपनियन के इस्तेमाल करे के होई। अभी तक ई सीमा 50 प्रतिशत रहे।

सेबी इहो कहलस कि मवजूदा व्यवस्था बनल रहे तक बायबैक के प्रक्रिया के अंजाम देवे खातिर एक्सचेंज पs एगो अलग विंडो सुरू कइल जाई। शेयर बाजार से होखे वाला बायबैक में शेयरन के खरीद मवजूदा बाजार भाव पर होखला से अधिकांश शेयरधारकन खातिर शेयरन के स्वीकृत होखल बहुत हद तक संजोग पs निर्भर होला। ई साफ ना होला कि शेयरन के पुनर्खरीद के तहत लिहल गइल बा कि ओकन के खुला बाजार में बेचल गइल बा। एकरा वजह से शेयरधारक बायबैक के लाभ के दावा ना कs पावेला।

एह समस्यन के देखत सेबी के बोर्ड शेयरन के बायबैक के नियमन में संशोधन के मंजूरी देले बा। एचडीएफसी के वाइस चेयरमैन एआ सीईए केकी मिस्त्री के अगुवाई वाली एगो सेबी समिति खुला बाजार से शेयर बायबैक के चरणबद्ध ढंग से खतम करे के सिफारिश कइले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]