[the_ad_group id="30365"]

अडानी ग्रुप के कंपनियन के शेयरन के बुरा हाल, 4 दिनन में 1.70 लाख करोड़ स्वाहा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीतल हफ्ता भारी बिकवाली के वजह से शेयर मार्केट (Share Market) में बड़ गिरावट देखे के मिलल। टूटत मार्केट के बीच अडानी ग्रुप (Adani Group) के लिस्टेड सात कंपनियन के शेयरन में बड़ गिरावट देखे के मिलल। अडानी ग्रुप के कंपनियन के शेयर चार दिनन के बिकवाली के बीच अइसन गोता लगावल कि 1.70 लाख करोड़ रुपिया स्वाहा हो गइल। अडानी ग्रुप के कंपनियन के मार्केट कैप (Mcap) में संयुक्त रूप से 1.70 लाख करोड़ रुपिया के नुकसान भइल बा। अडानी विल्मर (Adani Wilmar), अडानी पावर (Adani Power) आ अडानी ट्रांसमिशन (Adani Transmissionn) के शेयरन में भारी गिरावट दर्ज कइल गइल।

अडानी पावर में लागल रहे लोअर सर्किट

अडानी विल्मर के शेयर सुक के सात फीसदी से गिरके 512.65 रुपिया पs आ गइल रहे। एकरा संगही कंपनी के शेयर चार दिन में 18.53 टूटल। एह बीच चार दिन के गिरावट के दौरान बीएसई सेंसेक्स में 1,630 अंक भा 2.65 फीसदी के गिरावट दर्ज कइल गइल। अडानी पावर के शेयरन में सुक के लोअर सर्किट लगा गइल रहे। सुक के अडानी पवार के स्टॉक पांच फीसदी कइल गिरावट के संगे 262.20 रुपिया पs बंद भइल रहे। 19 दिसंबर से 23 दिसंबर के बीच आइल गिरावट में ई स्टॉक 14.23 फीसदी टूटल बा।

अडानी ट्रांसमिशन में बड़ गिरावट

अडानी ट्रांसमिशन के शेयर बीएसई पs 9.29 फीसदी के गिरावट के संगे 2,284 रुपिया पs क्लोज भइल रहे। सुक तक के चार सत्रों में ई शेयर 13 फीसदी से बेसी टूटल बा। अडानी एंटरप्राइजेज 5.65 फीसदी के गिरावट के संगे 3,650 रुपिया पs क्लोज भइल। पिछला चार सत्रन में ई शेयर 8.51 फीसदी गिरल बा। पिछला चार सेशन में अडानी ग्रीन एनर्जी आ अडानी पोर्ट्स आ स्पेशल इकोनॉमिक जोन में करीब 8-9 फीसदी के गिरावट आइल बा। अडानी टोटल गैस के शेयरो पिछला चार सेशन में 8 फीसदी से अधिक टूटल बा।

केतना भइल नुकसान?

सात अडानी समूह के कंपनियन के शेयरन के कॉम्बाइंड एम-कैप 17.04 लाख करोड़ रुपिया रहल, जवन 19 दिसंबर के 18.81 लाख करोड़ रुपिया से 9.41 प्रतिशत कम रहे। एमे से प्रमुख अडानी एंटरप्राइजेज के एम-कैप में लगभग 40,000 करोड़ रुपिया के नुकसान भइल। एकरा बाद नुकसान के ममिला में अडानी ट्रांसमिशन (एम-कैप लॉस 36,521.23 करोड़ रुपिया), अडानी टोटल गैस (27,533.75 करोड़ रुपिया) अडानी ग्रीन एनर्जी (24,528.75 करोड़ रुपिया) के शेयर रहे।

2022 में अडानी के शेयरन के प्रदर्शन

हालांकि, एह गिरावट के बावजूद अडानी एंटरप्राइजेज के शेयर साल के अंत 115 फीसदी बढ़त (2022 में अब तक) के संगे कर रहल बा। अडानी विल्मर (92 फीसदी ऊपर), अडानी टोटल गैस (90 फीसदी ऊपर), अडानी ग्रीन (39 फीसदी ऊपर), अडानी ट्रांसमिशन (36 फीसदी ऊपर) आ अडानी पोर्ट्स (9 फीसदी ऊपर) एगो मजबूत नोट पs कैलेंडर के खतम कर रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]