[the_ad_group id="30365"]

जोमैटो के सबसे बड़ शेयरहोल्डर आज बेचिहें 61 करोड़ शेयर, बिकाई 7.8% हिस्सेदारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बुधवार यानी आज 3 अगस्त के ऑनलाइन फूड डिलीवरी प्लेटफॉर्म जोमैटो (Zomato) में एक बड़ ब्लॉक डील के उम्मीद जतावल जा रहल बा। न्यूज एजेंसी रॉयटर्स के खबर के मुताबिक, उबर टेक्नोलॉजीज फूड-टेक फर्म जोमैटो में 7.8% हिस्सेदारी बेच सकतिया। खबर के मुताबिक, आज कारोबार के दौरान फूड-टेक कंपनी ज सबसे बड़ शेयरहोल्डर उबर टेक्नोलॉजीज करीब 61 करोड़ शेयर बेची। बता देंई कि मंगलवार के जोमैटो के शेयर 20% चढ़कर 55.60 रुपये पर बंद भइल रहे। कंपनी के शेयर आज अपर सर्किट के हिट कइलें रहल ह।

₹2,938 करोड़ जुटावे के होई कोशिश

रिपोर्ट में कहल गइल बा कि Zomato के शेयरधारक ब्लॉक डील से लगभग 373 मिलियन डॉलर यानी ₹2,938 करोड़ जुटावे के कोशिश क रहल बानें। खबर के मुताबिक, ब्लॉक डील खातिर ₹48-54 रुपये प्रति शेयर तय कइल गइल बा। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि बुधवार के कुल 61 करोड़ शेयर ब्लॉक में होइहें, जेकरे खातिर BoFA बुक रनर बा।

एह समय हो सकत बा ब्लॉक डील

रॉयटर्स के मुताबिक, ई ब्लॉक डील शुरुआती कारोबारी घंटा में एक खास ट्रेडिंग विंडो के दौरान ही कइल जा सकत बा। जइसे कि ई डील सुबह 9.15 से 9.50 बजे के बीच होखे के चाहीं। बता देंई कि एह समय ट्रेडिंग विंडो खुलsला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]