[the_ad_group id="30365"]

हिंदी दिवस पs सरस्वती देवी पी०जी० कॉलेज खड्डा में आयोजित भइल सेमिनार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जनपद कुशीनगर के खड्डा तहसील में स्थित सरस्वती देवी पी जी कॉलेज खड्डा में ” हिंदी दिवस” के अवसर पर छात्र/ छात्रा लोग ” हिंदी भाषा के उत्थान अउरी वैश्विक प्रसार के प्रयास ” विषय पs आयोजित सेमिनार में आपन मौलिक विचार देहल। एह अवसर पर महाविद्यालय के हिंदी साहित्य विषय के अध्यापकन के भी सम्मानित कइल गइल।

कार्यक्रम में प्रमुख रूप से बी.ए प्रथम सेमेस्टर के छात्र बदरुद्दीन, स्नेहा वर्मा, बी.ए तृतीय सेमेस्टर से निकिता पांडेय, अन्नू कुशवाहा, शेषमणि यादव आदि लोग प्रतिभाग कइल। कार्यक्रम में विषय प्रस्तावना डॉ अजीत शुक्ल रखलें, जबकि हिंदी के संवैधानिक स्थिति पर डॉ अनुभव द्विवेदी प्रकाश डारत छात्र/ छात्रा लोग के राजभाषा संकल्प से परिचित करवलें।

 

एह अवसर पर महाविद्यालय के प्राचार्य दीपक कुमार मिश्र कहलें कि हिंदी भाषा के बड़ हृदय में दुनियाभर के भाषा के शब्द खातिर जगही बा। अपने भाषा के सांस्कृतिक अउरी क्षेत्रीय सौंदर्य के संगे विश्व के दूसर भाषा के शब्दन के भी हमनी के मिलावे के चाहीं। तब्बे सही में हिंदी भाषा के प्रसार अउर उत्थान होई। हिंदी के प्रसार अउर व्यापक रूप में अपनावे खातिर ई सामूहिक पहल जरूरी बा।

 

कार्यक्रम के संचालन उप प्राचार्या विभा सिंह कइली। एह अवसर पर प्रमुख रूप से अजीत मद्धेशिया, गौरव त्रिपाठी, सुनील मिश्र, प्रशांत शुक्ल, दीपक वर्मा आदि शिक्षक लोग उपस्थित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]