[the_ad_group id="30365"]

अब गेट के बराबर मानल जाई सीईईडी, पीएचडी में दाखिला खातिर नाइ देवे के होई परीक्षा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पीएचडी करे वाले उम्मीदवरन खातिर निम्मन खबर बा।। अब कॉमन एंट्रेंस एग्जाम फॉर डिजाइन (सीईईडी) क्वालिफाइड उम्मीदवारन के पीएचडी में सीधे दाखिला मिली। अभिन ले दाखिला खातिर लिखित परीक्षा पास कइल अनिवार्य रहल, लेकिन केंद्र सरकार नियम में बदलाव करे जा रहल बा।

नया नियम के तहत सीईईडी क्वालिफाइड उम्मीदवारन के भी ग्रेजुएट एप्टीट्यूड टेस्ट इन इंजीनियरिंग (गेट) के समकक्ष मानल जाई। अखिल भारतीय तकनीकी शिक्षा परिषद (एआईसीटीई) के मांग पs विश्वविद्यालय अनुदान आयोग (यूजीसी) एकरे नियम में बदलाव खातिर बइठकी बोलवले बा।

दू अलग-अलग नियम से रहत रहे विवाद

बता देईं कि आईआईएससी बेंगलुरु, आईआईटी अउरी विश्वविद्यालय में मॉस्टर ऑफ डिजाइन अउर पीएचडी दाखिला खातिर आईआईटी हर साल जेईई एडवांस अउर गेट के तर्ज पर कॉमन एंट्रेेस एग्जाम फॉर डिजाइन (सीईईडी) के परीक्षा आयोजित करsला। एकर मेरिट से ही आगे दाखिला मिलsला। लेकिन पीएचडी में दाखिलक्क़ खातिर एह उम्मीदवारन के दोबारा लिखित परीक्षा देवे के पड़sला।

जबकि गेट क्वालिफाइड उम्मीदवारन के पीएचडी दाखिला खातिर लिखित परीक्षा से छूट रहsला। एही दू अलग-अलग नियम के ले के अक्सर विवाद रहsला। एआईसीटीई सीईईडी के लेके पहिलही नियम में बदलाव के फैसला लिहले बा। एही के बाद एआईसीटीई नियमन में बदलाव के ले के यूजीसी के एकर प्रस्ताव दिहले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]