[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली के कॉलेजन में प्रोफेसर लोग के तनखाह में कटौती, BJP-AAP के बीच के राजनीतिक रस्साकसी में पिसा रहल बानें छात्र

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली में भारतीय जनता पार्टी अउरी आम आदमी पार्टी के बीच के राजनीतिक लड़ाई शिक्षा संस्थान ले पहुंच गइल बा। एकर नुकसान छात्रन के संगे-संगे एह कॉलेज में पढ़ावे वाले शिक्षकन के भी उठावे के पड़ रहल बा।

दिल्ली सरकार के ओर से एह वित्त पोषित कॉलेज में भी शिक्षकन के वेतन में 30 से 50 हजार तक के भइल कटौती के भी एही विवाद के परिणाम बतावल जा रहल बा। शिक्षक अउरी छात्र दूनों एह विवाद के जल्दी निपटारा चाहsतने लेकिन बीजेपी अउरी आप के बीच चल रहल राजनीतिक रस्साकसी में एह विवाद के अब ले कौनो समाधान नाइ निकलत दिख रहल बा जेकर कीमत छात्रन के चुकावे के पड़ रहल बा।

दीन दयाल उपाध्याय कॉलेज के छह सितंबर के जारी एगो सूचना में कहल गइल रहे कि असिस्टेंट प्रोफेसर के वेतन में 30 हजार अउरी एसोसिएट प्रोफेसर के वेतन में 50 हजार रूपया तक के कटौती कइल जा रहल बा। शिक्षकन के बतावल गइल रहे कि कॉलेज के पास फंड अइले के बाद एह बकाया के भुगतान कs दिहल जाई, लेकिन ई कब ले कइल जाई, एह पर कौनो सूचना नाइ दीहल गइल रहे।

एह कटौती के कारन कॉलेज के लग्गे पर्याप्त फंड न होखल बतावल गइल रहे। लेकिन ई सूचना सोझे अइतही बवाल मच गइल अउर शिक्षक कॉलेज के एह निर्णय के विरोध में उतर अइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]