[the_ad_group id="30365"]

DDU में 15 दिसंबर से होई सेमेस्टर परीक्षा: ग्रेजुएशन MCQ आ PG डिस्क्रिप्टिव फार्म में होई, गेस्ट फैक्ल्टी के चयन प्रक्रिया सुरू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

DDU में 15 दिसंबर से होई सेमेस्टर परीक्षा: ग्रेजुएशन MCQ आ PG डिस्क्रिप्टिव फार्म में होई, गेस्ट फैक्ल्टी के चयन प्रक्रिया सुरू

दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी में सेमेस्टर परीक्षा 15 दिसंबर से सुरू होई। ओहिजा प्रैक्टिकल परीक्षा 15 नवंबर से 15 दिसंबर के बीच आयोजित कइल जाई। एकरा संगही परीक्षा पैटर्न आ आउर कइयन गो महत्वपूर्ण निर्णय लेवे खातिर सोमार के वीसी प्रोफसर पूनम टंडन के नेतृत्व में डीडीयू में सब डीन्स, एचओडी के मीटिंग भइल। एह दौरान वीसी स्लेबस पूरा होखला के इस्थिति, परीक्षा टाइम- टेबल, प्रश्नपत्रन के स्वरूप, परीक्षा फार्म भरे के डेट आ रिजल्ट के इस्थिति पs डिस्कशन के बाद निर्णय लेली।

अबकी बेर के सेमेस्टर परीक्षा में स्टूडेंट्स के सुविधा के देखत परीक्षा पैटर्न में महत्वपूर्ण परिवर्तन करे के निर्णय लिहल गइल बा। अब पोस्ट- ग्रेजुएशन के परीक्षा में स्टूडेंट्स् के खाली डिस्क्रिप्टिव सवालन के जवाब देवे के होई, जबकि ग्रेजुएशन के प्रश्नपत्र पूरा तरे एमसीक्यू होई। एकरा के लागू करे खातिर जल्दिये परीक्षा समिति के बैठक आयोजित कइल जाई। ओहिजा परीक्षा बेवस्था के समीक्षा में तय भइल कि सब प्रैक्टिकल परीक्षा 15 नवंबर से 15 दिसंबर तक होई। जबकि ग्रेजुएशन आ पोस्ट- ग्रेजुएशन के सेमेस्टर परीक्षा 15 दिसंबर से सुरू होई।

परीक्षन के डेट फाइनल करे खातिर यूनिवर्सिटी प्रशासन परीक्षा समिति से अप्रूव कराई। सुरूआत में ग्रेजुएशन के तीसरा आ पांचवां सेमेस्टर आ पोस्ट- ग्रेजुएशन के तीसरा सेमेस्टर के परीक्षा होई। मीटिंग के दौरान सब एचओडी बतावल लो कि सेमेस्टरन के क्लास जुलाई से चल रहल बा। एहिसे परीक्षा करावे में कवनो अड़चन नइखे। वीसी परीक्षा फार्म के बेहतर आ सरल बनावे के निर्देश देलें।

प्रोफेसर हिमांशु परीक्षा परिणाम जारी करवावे में मदद करिहें 

मीटिंग के दौरान वीसी प्रोफेसर पूनम टंडन अधूरा मूल्यांकन के जल्दी पूरा करे आ अविलंब रिजल्ट जारी करे के निर्देश देली।वीसी एकरा खातिर मैथ्स डिपार्टमेंट के प्रो. हिमांशु पांडेय के परीक्षा नियंत्रक आ उनका कार्यालय के संगे कोआर्डिनेशन बनाके जल्दी रिजल्ट जारी करे के जिम्मेदारी देले बाड़ी।

गेस्ट फैक्ल्टी के चयन प्रक्रिया सुरू

डीडीयू में संचालित सेल्फ फाइनेंस कोर्सेज में गेस्ट फैकल्टी खातिर चयन प्रक्रिया सुरू हो गइल बा। यूनिवर्सिटी के एग्रीकल्चर, इंजीनियरिंग, बैंकिंग एंड इंश्योरेंस, होटल मैनेजमेंट, बीए-एलएलबी, बीएजेएमसी / एमएजेएमसी, बीसीए, बीबीए / एमबीए, एक्वाकल्चर, प्लांट बायोटेक्नोलाजी, पर्यावरण विज्ञान, फिजिकल एजुकेशन, पीजी डिप्लोमा डिजास्टर मैनेजमेंट, पीजी डिप्लोमा इन ज्योतिष, वास्तु, एंड कर्मकांड, माइक्रोबायोलोजी और फूड टेक्नोलाजी स्लेबस में सेल्फ फाइनेंस योजना के तहत गेस्ट फैकल्टी के खाली पदन खातिर वाक इन इंटरव्यू के आयोजन कइल जा रहल बा।

इच्छुक कैंडिडेट डीडीयू के वेबसाइट से आवेदन पत्र के फार्मेट डाउनलोड कs के ओकर एगो सेट फोटोकापी के संगे निर्धारित डेट पs संबंधित सब्जेक्ट के डिपार्टमेंट में आयोजित इंटरव्यू में हिस्सा ले सकत बा। एकरा खातिर होखे वाला वॉक- इन-इंटरव्यू 1 से 3 नवंबर आ 6 नवंबर के आयोजित कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]