[the_ad_group id="30365"]

CBSE board :CBSE १०वीं-१२वीं के परीक्षा १५ फरवरी से

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एजेंसी सीबीएसई साल 2024 के प्रैक्टिकल अवुरी थ्योरी एग्जाम्स के तारीख के घोषणा कईले बिया। आधिकारिक अधिसूचना के मुताबिक सीबीएसई कक्षा के दसवीं अवुरी बारहवीं के प्रैक्टिकल परीक्षा एक जनवरी 2024 से शुरू होई। थ्योरी के परीक्षा 15 फरवरी 2024 से शुरू होई अवुरी 10 अप्रैल 2024 तक जारी रही।

दसवीं के परीक्षा 21 मार्च ले खतम होखे के उमेद बा आ बारहवीं के परीक्षा 5 अप्रैल 2024 ले खतम होखे के उमेद बा। हर साल के तरह प्रैक्टिकल परीक्षा खातिर 30 फीसदी वेटेज निर्धारित बा। एकरा अलावे थ्योरी परीक्षा खातिर 70 प्रतिशत वेटेज निर्धारित तय बा। उम्मीद बा कि बोर्ड जल्दिए एकर विस्तृत डेटशीट जारी करी। हर साल 35 से 40 लाख छात्र दसवीं आ बारहवीं खातिर सीबीएसई में आपन पंजीकरण करावेलें। बोर्ड परीक्षा से बहुत पहिले डेटशीट अपना आधिकारिक वेबसाइट पs जारी कs दिही।

12वीं कक्षा के परीक्षा 

एह साल सीबीएसई बोर्ड के कक्षा 12 के परीक्षा 20 फरवरी के हिंदी पेपर से शुरू होई अवुरी 5 अप्रैल के साइकोलॉजी पेपर से खतम होई। बोर्ड के ओर से जारी आंकड़ा के मुताबिक 16 लाख छात्र 12वीं कक्षा खातीर रजिस्ट्रेशन करा चुकल बाड़े।

दसवीं कक्षा के परीक्षा 

परीक्षा दसवीं कक्षा के अंग्रेजी विषय से शुरू होखी आ दसवीं कक्षा के परीक्षा 21 मार्च के खतम होखी। बोर्ड के ओर से जारी आंकड़ा के मुताबिक दसवीं कक्षा में 18 लाख छात्र के पंजीकरण भईल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]