[the_ad_group id="30365"]

CM सैनी आ केंद्रीय मंत्री खट्टर के सुरक्षा में बड़ चूक, 15 मिनट ले नाहीं खुलल गेट, खड़ा रहल दुनु के काफिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हरियाणा के मुख्यमंत्री नायब सिंह सैनी अवुरी केंद्रीय मंत्री मनोहर लाल खट्टर के सुरक्षा में बड़ चूक के मामला सोझा आईल बा। सीएम सैनी अवुरी केंद्रीय मंत्री मनोहर लाल खट्टर के काफिला के करीब 15 मिनट इंतजार करे के पड़ल। जब पंजाब भवन के पास हरियाणा निवास जाए वाली सड़क पs स्थित गेट बंद मिलल। 

गेट पs गार्ड तैनात होखे के चाहीं

बुध के रात में सुरक्षा चूक के बारे में पूछला पs सैनी मीडिया के बतवले कि पंजाब भवन के सोझा सड़क पs स्थित गेट बंद मिलल बा। सैनी कहले कि हमनी के बतावल गईल कि कुछ समस्या बा। हम कहनी कि गेट पs गार्ड तैनात होखे के चाहीं, जेहसे कि रात में कवनो वीआईपी के एहिजा से गुजरे के पड़े तs ओकरा कवनो दिक्कत ना होखे. अगर गेट बंद हो जाई तs समस्या पैदा हो जाई।

सीएम सैनी खट्टर छोड़े आइल रहले

सूत्र बतवले कि खट्टर अवुरी सैनी पंचकुला में बियाह समारोह में शामिल भईला के बाद मुख्यमंत्री आवास से सेक्टर 3 के हरियाणा आवास जात रहले। समारोह के बाद सैनी मनोहर लाल खट्टर के छोड़े आईल रहली, तबे पंजाब भवन के नजदीक सड़क पs स्थित गेट बंद मिलल। पंजाब भवन आ हरियाणा निवास के भवन सेक्टर 3 में एक दोसरा से सटल बा.

पुलिस मामला के जांच शुरू क देलस

हरियाणा के मुख्यमंत्री के सुरक्षाकर्मी ड्यूटी पs मौजूद गार्ड के तलाश कईले। कुछ मिनट बाद गेट खोल दिहल गईल ताकि काफिला के गुजरे के मौका मिल सके। सूत्र बतवले कि पुलिस मामला के जांच करतिया।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]