[the_ad_group id="30365"]

Invest Madhya Pradesh: पीएम मोदी कइले ग्लोबल इंवेस्टर्स समिट के उद्घाटन, बोलले पूरी दुनिया के भारत से बहुत उम्मीद

मध्य प्रदेश : कार्यक्रम में पहुंचले पीएम मोदी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य प्रदेश के राजधानी भोपाल में आजु से ग्लोबल इन्वेस्टर समिट ‘इनवेस्ट मध्य प्रदेश’ शुरू हो गइल बा. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु राजधानी भोपाल में ‘इनवेस्ट मध्य प्रदेश’ के उद्घाटन कइलन. प्रधानमंत्री इहाँ मध्य प्रदेश सरकार के 18 नाया नीति के अनावरण कईले, जवना के मकसद बड़ पैमाना पs निवेश के आकर्षित कईल बा। ग्लोबल समिट के उद्घाटन के बाद पीएम मोदी कहले कि, भारत के इतिहास में इs पहिला मौका बा जब पूरा दुनिया भारत खातीर एतना आशावादी बा। पूरा दुनिया में आम लोग होखे, नीति विशेषज्ञ होखे, अलग-अलग देश होखे भा संस्थान, भारत से सभके बहुत उम्मीद बा।

पीएम मोदी कहले कि पछिला कुछ हफ्ता में भारत खातीर जवन टिप्पणी आईल बा, उs भारत के हर निवेशक के उत्साह बढ़ावे वाला बा। उs कहले कि, “अबे कुछ दिन पहिले वर्ल्ड बैंक कहले बा कि आवे वाला साल में भारत दुनिया के सबसे तेजी से बढ़त अर्थव्यवस्था बनल रही। अबे कुछ दिन पहिले संयुक्त राष्ट्र के एगो संगठन जलवायु परिवर्तन के मुद्दा पs भारत के सौर ऊर्जा के महाशक्ति कहले रहे।” इs संगठन भारत खातीर इहो कहले रहे कि जहां बहुत देश खाली बात करेले, उहें भारत नतीजा ले आवेला अवुरी नतीजा देखावेला।” पीएम मोदी मध्य प्रदेश के तारीफ करत कहले कि, ”विकसित मध्य प्रदेश से विकसित भारत ले के यात्रा में आज के कार्यक्रम बहुत महत्वपूर्ण बा। एह भव्य आयोजन के आयोजन करे खातिर मोहन जी आ उनकर पूरा टीम के बधाई देत बानी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]