एयर इंडिया के कुप्रबंध पs भड़कले शिवराज, टूटल आ धंसल सीट मिलले पs जतवले नाराजगी

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 22, 2025

एयर इंडिया के कुप्रबंधन पs केंद्रीय कृषि मंत्री शिवराज सिंह चौहान नाराजगी जतवले। शिवराज के गुस्सा एतना बढ़ गईल कि उs अपना दर्द के सोशल मीडिया पs शेयर कईले। शिवराज सिंह चौहान एयर इंडिया के

Share

शिवराज सिंह चौहान

एयर इंडिया के कुप्रबंधन पs केंद्रीय कृषि मंत्री शिवराज सिंह चौहान नाराजगी जतवले। शिवराज के गुस्सा एतना बढ़ गईल कि उs अपना दर्द के सोशल मीडिया पs शेयर कईले। शिवराज सिंह चौहान एयर इंडिया के फ्लाइट से भोपाल से दिल्ली आवत रहले। एही बीच उनुका के आवंटित सीट टूट के धसल रहे। ओकरा पs बइठे में भी परेशानी होखत रहे। एयर इंडिया के एs कुप्रबंधन पs भी उs सवाल उठवले।

टूटल-फूटल आ धसल सीट पs बइठ के सफर पूरा कइले

शिवराज सिंह चौहान पूसा किसान मेला के उद्घाटन करे दिल्ली आवत रहले. संगही, कुरुक्षेत्र में एगो मीटिंग आ चंडीगढ़ में किसान संगठन के प्रतिनिधि से चर्चा करे के योजना बा। आs भोपाल से दिल्ली आवे वाला एयर इंडिया के फ्लाइट नंबर AI436 के टिकट बुक कइले रहले। बाकिर जब ऊ अपना सीट पs बइठ गइलन तs ऊ टूट के धस गइल रहे. ओकरा पs बईठे में दिक्कत होखत रहे। उs एयर इंडिया के ए कुप्रबंधन के जिक्र करत एक्स पs एगो पोस्ट शेयर कईले।

का ई सवारियन के धोखा नइखे देत? 

शिवराज सिंह एही पs ना रुकलन. उs आगे लिखले कि, “हमरा इs धारणा रहे कि टाटा प्रबंधन के पदभार संभालला के बाद एयर इंडिया के सेवा में सुधार होईत, बाकिर इs हमार भ्रम निकलल। हमरा बईठे के असुविधा के चिंता नईखे, बाकिर यात्रियन से पूरा रकम लेवे के बाद, ओ लोग के खराब अवुरी बेकार सीट पs बईठावल अनैतिक बा। का इs यात्री के संगे धोखा ना होई? का एयर इंडिया प्रबंधन इs सुनिश्चित करे खातीर कदम उठाई कि ना।”

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: वेट लॉस के कुल पैंतरा आजमा चुकल बानी, बाकिर वजन नइखे होत टस से मस? तs ट्राई करीं इs 3 गो योगा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.