[the_ad_group id="30365"]

श्रीनगर-कुपवाड़ा के बीच नेशनल हाईवे पs आतंकी हमला टलल : झाड़ियन के बीच तीन गो LPG सिलेंडर में लागल IED बम बरामद; सेना आ पुलिस नष्ट कइलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू-कश्मीर में श्रीनगर-कुपवाड़ा के जोड़े वाला नेशनल हाईवे पs सुक के बड़ आतंकी हमला टल गइल। कश्मीर के कुपवाड़ा जिला के गणपोरा इलाका में आतंकी IED से जोड़कर 10 किलोग्राम के तीन गो एलपीजी सिलेंडर बम प्लांट कइले रहले सs।

न्यूज एजेंसी ANI के मोताबिक, IED के जवना जगह रखल गइल रहे, उहां दिनभर में करीब 1000 पब्लिक व्हीकल औआ 200 सुरक्षा वाहन गुजरल रहे। झाड़ियन में रखल विस्फोटकन पs एअर डिफेंस यूनिट के नजर पड़ल।

एकरा बाद भारतीय सेना के जानकारी दिहल गइल। भारतीय सेना के चिनार कॉर्प्स आ जम्मू-कश्मीर पुलिस जॉइंट ऑपरेशन के तहत IED बम के नष्ट कइलस। चिनार कॉर्प्स सोशल मीडिया पs बम नष्ट करे के तस्वीर शेयर कइले बा।

आतंकी सिलेंडरन के झाड़ियन में पत्तन से ढक दिहल गइल रहे।

एह साल सितंबर तक 47 आतंकी मारल गइलें 

जम्मू-कश्मीर में आतंकियन के खिलाफ सुरक्षाबल लगातार ऑपरेशन चलावत रहलें। कश्मीर क्षेत्र में जनवरी से सितंबर तक नौ महीना के दौरान 47 आतंकवादी मारल गइल बा। एमे करीब 37 बिदेसी आ नौ स्थानीय आतंकवादी रहलें सs। ओहिजा, राजौरी आ पुंछ जिला में जनवरी से सितंबर तक तीन बड़ आतंकी हमला भइल।

राजौरी के डांगरी में 1 जनवरी, पुंछ के तोता गली में 20 अप्रिल आ राजौरी के कंडी जंगलन में 5 मई के आतंकी हमला भइल रहे। एमे सेना के 10 जवान शहीद भइल रहे। ओहिजा, दहशतगर्द हिंदू समुदाय के सात लोगन के हत्या कs दिहल गइल रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]