[the_ad_group id="30365"]

इजरायल-हमास युद्ध: बाथरूम में लुकाइल रहले लोग, हमास के आतंकी सs गोली से भूनले, सामने आइल खौफनाक Video

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

इजरायल हमास युद्ध : इजरायल हमास युद्ध के आठ दिन हो गईल बा। शनिचर साथे अक्टूबर के दिने आतंकी संगठन हमास इजरायल के सीमा में घुस के नरसंहार पैदा कs दिहले रहुवे। एह दौरान उ बच्चा, बुजुर्ग अवुरी महिला तक के ना छोड़ले। जे सामने आवत रहे ओकरा के मारत रहे। हमास के आतंकियन के क्रूरता के भयानक कहानी अब सामने आ रहल बा। एहमें संगीत महोत्सव के एगो वीडियो भी सामने आइल जवना में आतंकवादी भयावह नरसंहार कइले रहले।

इजरायली सेना साझा कइले वीडियो

इजरायली रक्षा बल सोशल मीडिया प्लेटफार्म एक्स पs एगो वीडियो पोस्ट कइलस। एह वीडियो में देखल जा रहल बा कि संगीत महोत्सव परिसर में लगावल बाथरूम पs कुछ आतंकवादी गोली चलावत बाड़े। बतावल जाता कि ए लोग में से बहुत लोग आतंकी हमला से बचे खातीर लुका गईल रहले। लेकिन शायद उनुका इ ना मालूम रहे कि इहाँ भी आतंकी उनुका के मार दिहे।

एह संगीत महोत्सव में 260 लोग के मउत हो गइल

बता दीं कि एह संगीत महोत्सव पs भइल आतंकी हमला में 260 लोग के मउत हो गइल आ ओहिजा से बहुते लोग के अपहरण हो गइल। गाजा के लगे किबुत्ज़ रीम के लगे एह पार्टी में हजारन लोग शामिल भइल जहाँ फिलिस्तीनी बंदूकधारी आयोजन स्थल पs हमला कs दिहले आ भागे के कोशिश करत लोग के गोली मार दिहले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]