[the_ad_group id="30365"]

असम के तिनसुकिया में सुरक्षा बल अउर उल्फा उग्रवादियन के बीच मुठभेड़, इम्फाल में बड़ साजिश नाकाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

असम के तिनसुकिया जिला में सुरक्षा बल अउर उल्फा-आई उग्रवादियन के बीच मुठभेड़ के खबर बा। रक्षा पीआरओ, गुवाहाटी बतवलें, आजु (बुधव) के बिहाने दूनों के बीच मुठभेड़ भइल, जेमें उग्रवादियन के ओर से कइल गइल गोलीबारी में एगो आम नागरिक घाही हो गइल बा। सुरक्षा बल लोग पूरा इलाका के घेराबंदी कइले बा।
 

अमस राइफल्स नाकाम कइलस बड़ साजिश

उहवें दूसरे तरफ असम राइफल्स मणिपुर के इंफाल में विद्रोही संगठन के बड़ साजिश के नाकाम कs दिहले बा। अधिकारियन के मुताबिक, असम राइफल्स के जवान लोग प्रतिबंधित विद्रोही संगठन आरपीएफ/पीएलए के दू लोग के गिरफ्तार कइले रहे। इनके लग्गे से पांच ग्रेनेड, तीन पिस्तौल, तीन आईईडी अउर तीन डेटोनेटर जब्त कइल गइल बा। अधिकारियन के मुताबिक, जांच के दौरान पकडल गइल विद्रोही सब गैर-मणिपुरी स्थानीय लोग अउर सुरक्षा बल के निशाना बनावे अउर त्योहारी सीजन के दौरान इंफाल घाटी में शांति भंग करे के साजिश के कबूल कइले बानें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]