[the_ad_group id="30365"]

JDU नेता के घर से छपरा में मिलल भारी मात्रा में शराब, बोललें- हम उहां ना रहेनी, हमरा के फंसावल जा रहल बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

JDU नेता कामेश्वर सिंह के घर से छपरा में पुलिस बड़ मात्रा में शराब बरामद कइले बिया। एह दौरान पुलिस एगो महिला के हिरासत में लेले बिया। छपरा में जहरीली शराब से अभी तक 72 लोगन के मौत हो गइल बा। अइसन में पुलिस आ उत्पाद विभाग के द्वारा पूरा जिला में लगातार छापेमारी कइल जा रहल बा। पुलिस के द्वारा ई कार्रवाई मढौरा थाना अंतर्गत स्टेशन रोड में कइल गइल बा। ममिला में राजनीतियो बहुते गरम हो गइल बा। एकरा बाद कामेश्वर सिंह कहले हमरा के एगो साजिश के तहत एमे फंसावे के कोसिस कइल जा रहल बा। हमरा आ सरकार के बदनाम करे के कोसिस कइल जा रहल बा।

32 साल पहिले छोड़ देले रहस मकान

कामेश्वर सिंह बतवलें कि ऊ 32 साल पहिलही एह मकान के छोड़ देले रहस। ओकरा बाद से ऊ अभी तक ओह मकान में हम गइलही नइखी। अइसन में शराब मिलला के बात में हमरा सामिल होखे के बात कहले गलत बा। ओह मकान में शराब कहां से आइल, के रखलस हमरा नइखे पता। हम सरकार से आग्रह करत बानी कि ऊ एह बारे में बेहतर जांच करावे।

गुप्त सूचना पs पुलिस कइलस कार्रवाई

बतावल जा रहल बा कि गुप्त सूचना के आधार पs पुलिस के द्वारा ई कार्रवाई कइल गइल बा। एमे पुलिस के संगे एलटीएफ के टीम संयुक्त कार्रवाई कइलस। छापेमारी में अंग्रेजी आ देसी शराब, 60 पीस फ्रूटी, 750ml शराब के तीन बोतल आ 2 लीटर देसी शराब के पाउच बरामद कइल गइल बा। पुलिस के अनुसार ममिला में जवना महिला के हिरासत में लिहल गइल बा ऊ किरायदार के पत्नी हई। उनका के पूछताछ खत्री थाना ले आवल गइल बा। ओहिजा ममिला के जानकारी देत मढ़ौरा डीएसपी इंद्रजीत बैठा बतवलें कि मंगर रात छापेमारी भइल बा। छापेमारी में शराब के संगे एगो महिला के हिरासत में लिहल गइल बा। ओकरा से पूछताछ कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]