[the_ad_group id="30365"]

अडाणी ग्रुप के छव कंपनियन के SEBI के नोटिस : ट्रांजैक्शन आ लिस्टिंग रेगुलेशन के नियमन के उल्लंघन के आरोप पs मंगलस जवाब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अडाणी ग्रुप के फ्लैगशिप कंपनी अडाणी एंटरप्राइजेज समेत ग्रुप के छव गो कंपनियन के मार्केट रेगुलेटर SEBI कारण बताओ नोटिस भेजले बा। एह कंपनियन पs ट्रांजैक्शन आ लिस्टिंग रेगुलेशन के नियमन के कथित उल्लंघन के आरोप बा।

अडाणी पोर्ट्स एंड स्पेशल इकोनॉमिक जोन (SEZ), अडाणी एनर्जी, अडाणी पावर, अडाणी विल्मर आ अडाणी टोटल गैस अपना-अपना एक्सचेंज फाइलिंग में एह बात के जानकारी देले बा।

अडाणी एंटरप्राइजेज बतवलस कि 31 मार्च के समाप्त तिमाही के दौरान ओकरा दुगो कारण बताओ नोटिस मिलल बा। ई नोटिस हिंडनबर्ग रिसर्च के ओर से लगावल गइल आरोपन के जांच के बाद सिक्योरिटी एक्सचेंज बोर्ड ऑफ इंडिया जारी कइले बा।

SEBI कs रहल बिया एह ममिला के जांच

24 जनवरी, 2023 के हिंडनबर्ग रिसर्च अडाणी ग्रुप पs मनी लॉन्ड्रिंग से लेके शेयर मैनिपुलेशन जइसन आरोप लागल बा। केस के जांच खातिर सुप्रीम कोर्ट छव सदस्यीय कमेटी बनवले रहे। एकरा अलावे मार्केट रेगुलेटर SEBI के जांच करे खातिर कहले रहे।

SEBI जांच में अभी ले का-का भइल ?

  • 2 मार्च के सुप्रीम कोर्ट एह ममिला में एगो कमेटी बनवले रहे आ SEBI के जांच खातिर दु महीना के समय देले रहे।
  • SEBI के 2 मई तक आपन रिपोर्ट सउपे के रहे, बाकिर SEBI सुनवाई के दौरान जांच खातिर छव महीना के मोहलत मंगलें।
  • बेंच एकरा के अगस्त तक बढ़ा देलस। माने SEBI के अपना जांच कs के रिपोर्ट सउपे खातिर कुल 5 महीना का समय मिला।
  • 14 अगस्त SEBI आपना जांच पूरा करे आ रिपोर्ट सउपे खातिर सुप्रीम कोर्ट से 15 दिन के समय आ मंगलस।
  • 25 अगस्त के SEBI सुप्रीम कोर्ट में स्टेटस रिपोर्ट फाइल कइलें। बतवलस कि 22 जांच फाइनल हो चुकल बा आ दुगो अधूरा बा।
  • 24 नवंबर 2023 के सुप्रीम कोर्ट फैसला सुरक्षित रखले रहे। कहले रहे कि हिंडनबर्ग के रिपोर्ट के सही माने के जरूरत नइखे।
  • सुप्रीम कोर्ट तीन जनवरी के SEBI के बचल दुगो ममिलन के जांच खातिर तीन महीना के समय आउर देलस। SEBI 24 में से 22 ममिलन के जांच पूरा कs ली है।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]