[the_ad_group id="30365"]

हिंदुजा ग्रुप के होई रिलायंस कैपिटल : अधिग्रहण के IRDAI के मंजूरी, 27 मई तक पूरा करे के बा प्रोसेस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंश्योरेंस सेक्टर रेगुलेटर इरडा (IRDAI) कर्ज में डूबल रिलायंस कैपिटल के अधिग्रहण खातिर हिंदुजा ग्रुप के मुजूरी दे देले बा। हिंदुजा ग्रुप के इंडसइंड इंटरनेशनल होल्डिंग्स लिमिटेड (IIHL) रिलायंस कैपिटल के अधिग्रहण करी। एह डील के 27 मई 2024, तक पूरा करे के होई।

पिछला साल जुलाई में IIHL अनिल अंबानी के रिलायंस कैपिटल के अधिग्रहण खातिर ₹9,861 करोड़ के बोली लगवले बा, जवना के बाद एडमिनिस्ट्रेटर मंजूरी दे देले रहे। बोली के क्रेडिटर्स (लेनदारन) से सपोर्ट मिलल रहे, जेमे 99% वोट बोली के पक्ष में कइल गइल रहे।

RBI नवंबर 2021 में रिलायंस कैपिटल के बोर्ड के भंग कइले रहे

रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया (RBI) नवंबर 2021 में रिलायंस कैपिटल में पेमेंट डिफॉल्ट आ सीरियस गवर्नेंस इश्यू के देखत बोर्ड के भंग कs के बोर्ड ऑफ डायरेक्टर्स के हटा दे ले रहे। नवंबर 2019 में नेशनल कंपनी लॉ ट्रिब्यूनल (NCLT) कर्ज में डूबल फाइनेंसर के खिलाफ दिवालिया प्रक्रिया सुरू करे खातिर एगो आवेदन के अनुमति देले रहे।

रिलायंस कैपिटल का करत रहे?

रिलायंस कैपिटल, कस्टमर्स के फाइनेंस से जुड़ल करीब 20 गो सर्विस देत रहे। कंपनी लाइफ इंश्योरेंस, जनरल इंश्योरेंस आ हेल्थ इंश्योरेंस से जुड़ल सर्विस उपलब्ध करावत रहे। एकरा संगही कंपनी होम लोन, कमर्शियल लोन, इक्विटी आ कमोडिटी ब्रोकिंग जइसन सेक्टर में सर्विस देत रहे।

2018 के बाद से कंपनी जारी ना कइलस रिजल्ट

रिलायंस कैपिटल दिसंबर 2018 के बाद से आपन फाइनेंशियल रिजल्ट जारी नइखे कइले। दिसंबर 2018 में एकर रेवेन्यू 568 करोड़ रुपिया रहे जबकि शुद्ध फायदा 89 करोड़ रुपिया रहे। एमे प्रमोटर्स के हिस्सेदारी 1.51% रहे। जनता के लगे 97.85% हिस्सेदारी रहे।

प्रमोटर्स में अनिल अंबानी के लगे 11.06 लाख शेयर्स, टीना अंबानी के लगे 2.63 लाख शेयर्स, जय अनमोल अंबानी के लगे 1.78 लाख शेयर्स आ जय अंशुल के लगे 1.78 लाख शेयर्स रहे। कोकिलाबेन अंबानी के लगे 5.45 लाख शेयर्स रहे। अनिल अंबानी के दुगो बेटा जय अनमोल आ जय अंशुल बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]