[the_ad_group id="30365"]

UP School Closed: महाकुंभ के चलते कई जिलन में 14 फरवरी ले बंद रही स्कूल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाकुंभ के दौरान प्रयागराज अवुरी आसपास के इलाका में बढ़त श्रद्धालु के भीड़ अवुरी यातायात के समस्या के देखत उत्तर प्रदेश के बहुत जिला में स्कूल बंद राखे के फैसला भईल बा। भक्तन के बढ़त संख्या आ जाम के चलते प्रशासन स्कूल बंद करे के एलान कइले बा. इs फैसला खास तौर पs अयोध्या, मिर्जापुर अवुरी वाराणसी जईसन जिला में लिहल गईल बा।

इहो पढ़ीं: Gorakhpur: गीता प्रेस में फेर छपल श्रीकृष्णलीला दर्शन, 1938 में अंतिम बेर भइल रहे प्रकाशन

School Closed in Ayodhya: रामनगरी अयोध्या में भारी भीड़

रामनगरी अयोध्या में महाकुंभ के चलते श्रद्धालु के संख्या बढ़ रहल बा, जवना के चलते स्थानीय जीवन प्रभावित हो रहल बा। भक्तन के आवाजाही के चलते सड़क पs भारी भीड़ अवुरी जाम के स्थिति पैदा हो रहल बा। एकरा से अयोध्या के छात्र पs भी असर पड़ल बा, एहीसे प्रशासन 14 फरवरी ले सभ स्कूल के बंद राखे के आदेश देले बा। अयोध्या के जिला मजिस्ट्रेट बारहवीं ले के सगरी स्कूल बंद करे के निर्देश जारी कइले बाड़न.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: डिनर कइले के बाद जरूर करीं इs काम,धीरे-धीरे कम हो जाई राउर वजन

School Closed in Varanasi: वाराणसी में कक्षा 1 से 8 ले स्कूल बंद, ऑनलाइन कक्षा शुरू

वाराणसी में भी महाकुंभ के दौरान शहर में भारी भीड़ अवुरी यातायात के समस्या के सामना करे के पड़ता। अयीसना में वाराणसी के सभ स्कूल के कक्षा 1 से 8 ले बंद करे के फैसला भईल बा। एह स्कूलन में 14 फरवरी ले ऑनलाइन क्लास चली. जिला बेसिक शिक्षा अधिकारी डॉ. अरविंद कुमार पाठक शहर क्षेत्र के आठवीं कक्षा ले के 99 परिषद स्कूल में ऑनलाइन शिक्षा दिहल जाई, ताकि छात्र के असुविधा के सामना ना करे के पड़े।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ अयोध्या में हनुमानगढ़ी मंदिर में दर्शन कइले बिना अधूरा होला श्रीराम जी के पूजा, जानीं इतिहास

School Closed in Mirzapur: मिर्जापुर में भी तीन दिन ले स्कूल बंद

महाकुंभ के उल्टा बहाव के चलते मिर्जापुर के विंध्याचल इलाका में भारी भीड़ देखाई देता। बढ़त श्रद्धालु के संख्या अवुरी सड़क पs जाम के समस्या के देखत मिर्जापुर के डीएम जिला के नर्सरी से लेके कक्षा आठ ले के सभ स्कूल 12 फरवरी से 14 फरवरी ले बंद होखे के आदेश देले बाड़े। संगही, माघी पूर्णिमा के दौरान श्रद्धालु के भारी संख्या के देखत बहुत स्कूल में छुट्टी के घोषणा हो चुकल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

माघी पूर्णिमा आ संत रविदास जयंती पs स्कूल बंद रही

एह साल मगही पूर्णिमा आ संत रविदास जयंती 12 फरवरी के पड़ रहल बा. एह मौका पs प्रयागराज आ आसपास के जिलन के सगरी बोर्डन के स्कूल बंद रही. एह दिनन में भक्तन के भारी भीड़ के चलते स्कूल बंद राखल जाई. एकरा अलावे प्रयागराज के सभ माध्यमिक विद्यालय 7 फरवरी से 12 फरवरी ले बंद रही.

एह तरह से महाकुंभ के समय भक्तन के भीड़ आ जाम के चलते उत्तर प्रदेश के विभिन्न जिला में स्कूल के छुट्टी बढ़ा दिहल गइल बा, ताकि विद्यार्थियन के असुविधा के सामना ना करे आ महाकुंभ के आयोजन सुरक्षित रूप से कइल जा सके।

इहो पढ़ीं : भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ गोरखनाथ मंदिर के बाटे बहुते रोचक इतिहास, जानीं काहें चढ़ावल जाला मकर संक्रांति के दिने खिचड़ी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]