UP: राम मंदिर के मुख्य पुजारी आचार्य सत्येंद्र दास के निधन, लखनऊ के एसजीपीजीआई में लेलें अंतिम सांस

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 12, 2025

अयोध्या के श्रीराम जन्मभूमि मंदिर के मुख्य पुजारी आचार्य सत्येंद्र दास के आज लखनऊ के एसजीपीजीआई में निधन हो गइल। अस्पताल एकर पुष्टि कइले बा। उनका के 3 फरवरी के एसजीपीजीआई में भरती करावल गइल

Share

UP: राम मंदिर के मुख्य पुजारी आचार्य सत्येंद्र दास के निधन, लखनऊ के एसजीपीजीआई में लेलें अंतिम सांस

अयोध्या के श्रीराम जन्मभूमि मंदिर के मुख्य पुजारी आचार्य सत्येंद्र दास के आज लखनऊ के एसजीपीजीआई में निधन हो गइल। अस्पताल एकर पुष्टि कइले बा। उनका के 3 फरवरी के एसजीपीजीआई में भरती करावल गइल रहे आ स्ट्रोक अइला के बाद से ऊ न्यूरोलॉजी वार्ड एचडीयू में रहस।

पीजीआई निदेशक डाॅक्टर आरके धीमान के मोताबिक, डाॅक्टरन के निगरानी में लगातार उनकर इलाज चलत रहे। ब्रेन स्ट्रोक के अलावे सत्येंद्र दास के कइयन गो आउर बेमारियाे रहे। बहुते प्रयास के बावजूद उनकर जान ना बचावल जा सकल। अस्पताल में भरती रहला के दौरान मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कुछ दिन पहिले पहुंचके उनकर कुशलक्षेम पूछले रहस।

रामनगरी में शोक के लहर

राम मंदिर ट्रस्ट सत्येंद्र दास के निधन पs शोक जतवले बा। रामनगरी के मठ मंदिरन में शोक के लहर बा। बीतल दिनन स्वास्थ्य खराब होखला के बाद पीजीआई में भरती करावल गइल रहे। लखनऊ पीजीआई में उनकर इलाज चलत रहे। राम मंदिर ट्रस्ट आचार्य सत्येंद्र दास के निधन के पुष्टि कइले बा।

बुध के माघ पूर्णिमा के पवित्र दिन सबेरे सात बजे के लगभग श्री रामजन्मभूमि मंदिर के मुख्य पुजारी सत्येंद्र दास महाराज पीजीआई, लखनऊ में अंतिम सांस लेलें। ऊ बरिस 1993 से श्रीरामलला के पूजा करत रहस। श्रीराम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र के महामंत्री चंपत राय आ मंदिर बेव्स्था से जुड़ल आउर लोग मुख्य अर्चक के देहावसान पs गहिराह संवेदना व्यक्त कइले बाडें।

राम मंदिर भवन निर्माण समिति के अध्यक्ष नृपेंद्र मिश्र, श्रीराम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र के ट्रस्टी आ अयोध्या राज परिवार के अगुआ विमलेंद्र मोहन प्रताप मिश्र, डॉ. अनिल मिश्र आ गोपाल जी निधन पs शोक व्यक्त कइले बा लो। उनका के विनम्र श्रद्धांजलि देले बा लो।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ ने श्रीराम मंदिर अयोध्या के मुख्य पुजारी सत्येंद्र दास के निधन पs दुख जतवले बाडें। सीएम योगी लिखलें कि परम रामभक्त, श्रीराम जन्मभूमि मंदिर, अयोध्या धाम के मुख्य पुजारी आचार्य सत्येन्द्र कुमार दास महाराज के निधन बहुते दुखद आ सामाजिक आउर आध्यात्मिक जगत के अपूरणीय क्षति बा। उनका के विनम्र श्रद्धांजलि! प्रभु श्रीराम से प्रार्थना बा कि दिवंगत पुण्यात्मा के अपना श्रीचरणन में स्थान देस आ शोक संतप्त शिष्यन आ अनुयायियन के ई अथाह दुख सहन करे के शक्ति प्रदान करस। ॐ शांति!

Read Also: Bhojpuri Sangam: 180वीं बइठकी में सुधीर श्रीवास्तव नीरज के भोजपुरी कहानी बा कौनो जबाब के भइल समीक्षा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.